वीरगंज भन्सार कार्यालय के नयाँ नियम आम जनता के विरोध में रहल क़हत खारेजी खातिर प्रदर्शन

    907

    वीरगंज, पुष ४ ।

    वीरगंज भन्सार कार्यालय के एक नायाँ नियम के बिरोध में प्रदर्शन भइल बा । नायाँ नियम जनता के दुख देवेवाला भइल क़हत उक्त नियम के खरेजी के मांग करत वीरगंज भन्सार कार्यालय अगाडि के रोड पर संघीय समाजवादी फोरम नेपाल के वीरगंज नगर प्रमुख ईश्वर यादव के नेतृत्व में प्रदर्शन भइल बा ।

    वीरगंज भन्सार कार्यालय द्वारा जारी कईल गईल पत्र के मुताबिक अब से भन्सार पार करे खातिर यात्रु लोगन के आपन सवारी साधन से उतर के पैदल जाए के पड़ी । पुष ३ गते, पत्र नंबर ३७३ में लिखल सूचना के मुताबिक आजू पुष ४ गते से ही भन्सार पार करे वाला बृद्ध, आशक्त औरी आपङ्ग बाहेक जे केहु के भी आपन सवारी साधन से उतर के तोकाइल जगह से पैदल रास्ता प्रयोग करेके अनुरोध कईल गईल बा ।

    वीरगंज में भन्सार के रास्ता होत तस्करी आ अवैध भारतीय रुपैया बिगत कुछ दिन में भारी मात्र में पकड़ाइल से तस्कारी के रोके खातिर सवारी साधन के चेकिंग में सुबिधा होई कह के ई नयाँ नियम लगावे के खोजल गईल कार्यालय प्रमुख श्याम प्रसाद भण्डारी के दलील बा।

    प्रदर्शनकारी आ भन्सार कार्यालय के पदाधिकारी बीच अभिन वार्ता चल रहल बतावल गईल बा ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here