वीरगंज भन्सार में भारतीय ट्रक ड्राईभर के मौत

718
फाइल फोटो

वीरगंज , भादो २

वीरगंज भन्सार में भारतीय नम्बर के कन्टेनर इन्ट्रि करावेला लाईन में बईठल एक ड्राईभर अचानक बेहोस भईला बाद मौत भईल बा ।

बितल रात ऐतवार के साढे १० बजे रक्सौल से एचआर ३८ भि ५६०६ नम्बर के मालबाहक भारतीय कन्टेनर लेके नेपाल के ओर आवेके क्रम में सवारी साधन के भन्सार कार्जालय में इन्ट्रि करावे ला लाईन में बईठल भारत उत्तर प्रदेश इटहवा जिल्ला भरतपुर के रहनीयार ४५ बरीष के अबधेश सिंह के अचानक दिल के दौरा पडलाबाद बेहोस भईल रहलन ।

इलाज के खातिर तत्काल वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल में लेजाएके क्रम में बिच रास्ता में मौत भईल जिल्ला प्रहरी कार्जालय पर्सा कें एसपी सोमेन्द्र सिंह राठौर बतवलन ।

मृतक के शव पोष्ट मार्टम कें खातिर नारायणी अस्पताल में राखल गइल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here