वीरगंज भोजपुरी-नेपाली नाइट कार्यक्रम में झड़प, संचालन के एक घंटा भितरे समाप्त भईल कार्यक्रम

    2516

    वीरगन्ज, १ कार्तीक

    हेडपी नेपाल द्वारा वीरगंज स्थित आदर्शनगर नगर रंगशाला में वियफे के आयोजना भईल भोजपुरी नेपाली नाईट कार्यक्रम में तोडफोड भईल बा । आयोजक के कमजोर व्यवस्थापन अउरी टिकट के दर के हिसाब से सिटीङ्ग ना मिलावे सकला के बाद विवाद शुरू भईल बुझल गईल बा ।

    समाजवादी फोरम नेपाल के सांसद एवं जिल्ला अध्यक्ष प्रदीप यादव के प्रमुख आतिथ्य में कईल जा रहल उ कार्यक्रम शुरू भईला के कुछे समय बाद से ही विवाद शुरू होगइल रहे ।

    कार्यक्रम के प्रमुख आकर्षण भोजपूरी फिलिम के कलाकार खेसारीलाल यादव द्वारा मात्र दु गो गाना प्रस्तुत कईला के बाद कार्यक्रम विशेष कारण बस उहवे समाप्त हो गईल बातावल गईल रहे जेकर बाद आक्रोशित दर्शक द्वारा ऊहा रहल कुर्सी सब के  तोडफोड भईल रहे । कार्यक्रम संचालन के १ घण्टा मे ही स्थगित कईल गईल रहे । कार्यक्रम में झडप भईला से कुछ व्यक्ति घायी समेत भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय द्वारा बतावल गईल बा ।

    भारत आ नेपाल के आधा दर्जन से जादा कलाकार लोग के बोलाके आयोजना कईल गईल कार्यक्रम शुरु ना होते भाड़ल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी उपरीक्षक रेवती ढकाल जानकारी देहनी ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here