वीरगंज महानगरपालिका के कर्मचारीलोग के आन्दोलन फिर्ता

321

वीरगंज ०३ माघ,

वीरगंज महानगरपालिका कार्यालय के कर्मचारीलोग द्वारा दु हप्ता से करत अइल आन्दोलन प सहमति भइला के बाद बुध से आन्दोलन फिर्ता भइल बा । पुस ३० गते आन्दोलनरत कर्मचारी आ महानगरपालिका के वार्ता टोलीबीच भइल सहमति मुताविक आजु दुपहरिया से कर्मचारीलोग आन्दोलन फिर्ता करत कामकाज सुरु कइले बाडन ।

कर्मचारी समायोजन लगायत सात सूत्रीय मांग राख के पुस १९ गते से आन्दोलन मे उतरल कर्मचारीलोग के मांग सम्बन्ध मे एकरा से पहिले महानगरपालिका बोर्ड से कइल निर्णय उपर असन्तुष्टि जाहेर करत कर्मचारीलोग आन्दोलन के निरन्तरता देत आइल रहलन ।

नेपाल नगरपालिका कर्मचारी एसोसिएशन वीरगंज एकाइ के अध्यक्ष सोहन थापा वार्ता कमिटी से पुस ३० गते सहमति भइल आ उ सहमति के पालना करावे के मेयर सरावगी कर्मचारीलोग बिच प्रतिबद्धता जनइला के बाद आन्दोलन स्थगित कइल बतवनी । स्थानीय निकाय कर्मचारी संघ के अध्यक्ष मुकेश गुप्ता आन्दोलन समय के सभी तलब, सुविधा महानगरपालिका उपलब्ध करावे के बतावत सभी कर्मचारीलोग के आजु पुराना हाजिरी भी करे खातिर निर्देशन देहले रहलन ।

वारुणयन्त्र बाहेक सरसफाई भी बन्द करके आन्दोलन मे उतरल कर्मचारीलोग पुस २२ गते से एक समय फुहर उठावत आइल रहलन । अब बियफे से नियमित फुहर उठावे के जनावल गइल बा । बितल दु हप्ता से वीरगंज नगर के फुहर ना उठला के चलते नगर के अनेकन जगहा फुहर से महक रहल बा जउना के चलते सर्वसाधारण आवत जावत करत समय नाक बन्द करेके अवस्था आईल बा । अब बियफे से फुहर उठइला के बाद राहत महसुस होखेके वीरगंजवासी के आशा रहल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here