वीरगंज महानगर के नगर प्रमुख सरावगी के पितृशोक

 वीरगंज महानगर के नगर प्रमुख सरावगी के पितृशोक

वीरगंज, १५ भादो ।

वीरगंज महानगपलिका के नगर प्रमुख विजय कुमार सरावगी के पिता चिरंजीवीलाल सरावगी के आजू निधन भइल बा । ७८ साल के उमर मे बितल रात १२ बज के ५ मिनट पर काठमाण्डू के ग्रांडी अस्पताल मे इलाज चलत समय निधन भइल रहे ।

बितल सावन २२ गते उनका मे भी कोरोना संक्रमण देखला के बाद वीरगंज से काठमाण्डू ले गइल रहे लोग । सावन २४ गते ही इलाज खातिर काठमाण्डू के ग्रांडी अस्पताल मे उनका के भारना कईल गइल रहे । भादो २ गते के पीसीआर परीक्षण के नतीजा अनुसार उ कोरोना मुक्त भइल रहले ।

हृदय आ गुर्दा मे जटिल समस्या देखला के बाद उनका के अतिसघन ( ICU ) कक्ष मे राख़ के इलाज होत आइल रहे । सोमार के सबेरे १० बजे काठमाण्डू स्थिति आर्यघाट मे अन्तिम दाहसंस्कार करे के कार्यक्रम तय कईल गइल बा नगर प्रमुख सरावगी के प्रेस संयोजक गोविन्द देवकोटा जानकारी देहले ।

वीरगंज मे विक्रम संवत २००० साल मे जनमल उ सामाजसेवी के रूप मे स्थापित आ परिचित व्यक्तित्व रहले । उ वीरगंज उद्धोगवाणिज्या संघ के पूर्व अध्यक्ष, मारवाड़ी परिषद के केन्द्रीय अध्यक्ष, लायन्स क्लब के गभर्नर समेत अनेकों सामाजिक संघ संस्था मे आवद्ध रहले ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *