वीरगंज में अंतर्राष्ट्रीय मातृभाषा दिवस मनावे के तैयारी

128

 

२०७४ फाल्गुन ८, वीरगंज

१८वाँ अंतर्राष्ट्रीय मातृभाषा दिवस के अवसर पर २१ फ़ेब्रुअरी यानि कि ९ गते  फागुन बुद्ध के दिने बीरगंज के टाउन हॉल में मधेश भ्वाइस एसेम्बली नामक संस्था तराइ मधेश राष्ट्रीय परिषद के सहकार्य में एगो कार्यक्रम के आयोजना करे जा रहल बा । ज्ञात रहो कि अंतर्राष्ट्रीय मातृभाषा दिवस बांग्लादेश के स्थापना में मातृभाषा बांग्ला के लेके पहिल बेर भइल आन्दोलन में शहादत प्राप्त कइल बंग्लादेश के ४ शहीदन के स्मृति के रूप में संसार भर में मातृभाषा के प्रोत्साहन हेतु युनेस्को (The United Nations Educational, Scientific and Cultural Organization) द्वारा मनावल जाला । मधेश भ्वाइस एसेम्बली नामक संस्था के प्रमुख मातृका यादव रहल बाड़े तथा एह कार्यक्रम में उनका साथे भाषाविद डॉ रामावतार यादव, गोपाल ठाकुर तथा विभिन्न भाषाकर्मी, साहित्यकार आ भाषाकर्मी के उपस्थिति होखे के बात जानकारी भइल बा ।

कार्यक्रम दोपहर के ११:३० बजे सबेरे से शुरू होई आ सम्पूर्ण मातृभाषा प्रेमी तथा नागरिक समाज से सहभागी होखे के निहौरा आयोजक द्वारा कइल गइल बा ।

advertisement

1 टिप्पणी

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here