वीरगंज में इलाजरर्थ महिला के कोरोना संक्रमण से मृत्यु

 वीरगंज में इलाजरर्थ महिला के कोरोना संक्रमण से मृत्यु

वीरगंज, ०७ भादो ।
वीरगंज के नारायणी अस्पताल द्वारा संचालित कोभीड़-१९ अस्थायी वीरगंज हेल्थ केयर अस्पताल में इलाजरर्थ एगो कोरोना संक्रमित महिला के मृत्यु भईल बा । मृत्यु होखे में वीरगंज महानगरपालिका वाड नम्बर ११ निवासी ५६ साल के महिला रहल बाड़ी ।

जर-बोखार, खोखी, थाइराइड आ श्वाशप्रश्वास के समस्या से ग्रसित महिला अस्पताल में भर्ती भईल रहली । सावन २२ गते उनकर स्वाब लेहल गईल जेकर परीक्षण के नतीजा २४ गते पॉजिटिव आईल रहे ।
महिला के स्वास्थ्य अवस्था बिगडला के बाद ओहि दिन उनका के ICU में राख के इलाज शुरू भईल रहे । पर शनिचर के संझिया ०७ बजके ३० मिनट पर उनकर मृत्यु भईल अस्पताल प्रशासन आ जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा जानकारी करवले बा ।
उनकर ट्राभल हिस्ट्री के सम्बंध में जिल्ला प्रशासन कार्यालय उनकर कवनो किसिम के ट्राभल हिस्ट्री नईखे जानकारी करवले बा ।

Digiqole ad Digiqole ad

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *