वीरगंज में कोरोना संक्रमण से एक जने के मृत्यु

 वीरगंज में कोरोना संक्रमण से एक जने के मृत्यु

वीरगंज, १५ कुवार ।

वीरगञ्ज में एक जने कोरोना संक्रमित के मृत्यु भईल बा ।
वीरगञ्ज स्थित नेशनल मेडिकल कलेज तथा शिक्षण अस्पताल द्वारा सञ्चालित बाबा होटल आइसोलेन में उपचाररत रौतहट के कोरोना संक्रमित वृद्ध के मृत्यु भईल बा।

अस्पताल के देहल जानकारी अनुसार कुवार ९ गते से अस्पताल में भरती भईल वृद्ध के आज सबेरे साढे ८ बजे ओर मृत्यु भईल बा । अस्पताल भरती होखे से एक दिन अगाडि अर्थात् कुवार ८ गते उनका में संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

मृतक वृद्ध राैतहट के इशनाथ नगरपालिका वाड नम्बर ४ महुलिया के ७४ साल के पुरुष रहल बाड़े ।

ढेर दिन से हृदय सम्बधि बेमारी से ग्रसित वृद्ध के अस्पताल में रहल आइसियू में राखके इलाज चलत रहे । उनकर शव व्यवस्थापन के जिम्मा नेपाली सेना के देहल गईल अस्पताल जानकारी करवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *