वीरगंज में कोरोना संक्रमण से एक जने के अउरी मृत्यु

 वीरगंज में कोरोना संक्रमण से एक जने के अउरी मृत्यु

वीरगंज, १६ भादो ।

वीरगंज में कोरोना संक्रमण से अउरी एक जने के मृत्यु भईल बा । वीरगंज महानगरपालिका – २० हरपतगंज के ५३ साल के पुरुष के मृत्यु भईल बा ।
अस्थायी कोभीड़ अस्पताल वीरगंज हेल्थ केयर में इलाज के समय में बितल रात १२: ४५ में उनकर मृत्यु भईल नारायणी अस्पताल के प्रवक्ता वरिष्ठ डॉक्टर अतुलेश चौरसिया जानकारी करवले ।
टाइप टु मधुमेह आ गुर्दा के समस्या से ग्रसित उनका के सावन ३० गते स्वाब संकलन कईल गईल रहे । ओकरा बिहान भइला पीसीआर रिपोर्ट पॉजिटिव अईला के कारण उनका के वीरगंज हेल्थ केयर अस्पताल में भरती कईल गईल रहे । इलाज के बेरा ही उनकर मृत्यु भईल अस्पताल जानकारी देहले बा ।
वीरगंज में कोरोना के कारण मृत्यु होखेवाला संख्या ५२ पहुचल बा । सावन के बाद खाली ४८ जने के मृत्यु भईल बा । मृत्यु भईल में से पर्सा के ३८ जने, बारा के १० जने आ रौतहट के ४ जने बा लोग ।
जेठ ३० गते वीरगंज के घण्टाघर में भेटाइल लावारिस लास में भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे पर उनकर पहिचान अभी तक नईखे पता चले सकल ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *