वीरगंज में गड़ासी से प्रहार कर के सौतेला माई के हत्या कैलस एगो बेटा

568

कृष्णा श्रीवास्तव । वीरगंज, असाढ़ २४ ।

वीरगंज महानगरपालिका के वर्ड नं. २४ रामगढवा के नयका बस्ती मे एगो बेटा आपन माई के ही हत्या कईले बा ।  पर्सा के छिपहरमाई गांवपालिका  स्थायी घर रहल आ रामगडवा में डेरा लेके रहत आईल भुलन यादव के बेटा बर्ष १८ के गुड्‍डु यादव आपन सौतेला माई बर्ष ४० के शोभा देवी के लोहा के चोख हतियार (गड़ासी) से प्रहार करके हत्या कइले बा।

बेटा से बिना राय सल्लाह कईले भैंइस बेच दहला के खिस मे आरोपी बेटा सौतेली माई के हत्या कईले बा कहके प्रहरी से जानकारी मिलल बा ।

पर्सा प्रहरी के मुताबिक बेटा से बिना पुछले भैंईस बेच्ला के बात के लेके मंगर के सझिय मे माई आ बेटा बिच मे झगडा के क्रम में मतारी जब गड़ासी देखा के बेटा के भगावे के खोजल तब बेटा खीस के झोक में उहे गड़ासी छिन के उल्टा मतारी पर हमला कईले रहे ।

बेटा से गड़ासी से मारे के संभावना देख मतारी करीब २०० मीटर दूर तक भागल रहली माकिर बेटा पर खीस येतना रहे मतारी के रगेद के मार देहलस, एक स्थानीय नाम ना लिखे के शर्त पर बतवले ।

घेट आ मुह पर तेज प्रहार कईला के चलते शोभा देवी के खून जादा बहला से घटना स्थल पर ही मुत्यु भइल पर्सा प्रहरी जनवाले बा । मतारी के शव पोस्टमॉर्टम खातिर नारायणी अस्पताल में लियावाल गइल बा आ आरोपी बेटा से पकड़ के थप अनुसन्धान हो रहल प्रहरी जनवले बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here