वीरगंज में ट्रक आ अटो एक आपस में ठोकईला से ६ जने घायल

908

बिमला गुप्ता,सावन २६

वीरगंज पोखरीया सडक खण्ड स्थित सिर्सिया पुल के लगे मालवाहक ट्रक आ अटो एक आपस में ठोकईला से ६ जने घायल भईल बाडन आ १ जने महिला के अवस्था गम्भिर रहल पर्सा पुलीस जनवले बा ।

एतवार के दुपहर करीब १ बजे के ओर बीरगंज से सिर्सिया सुख्खाबन्दरगाह के ओर जारहल रहल ना ७ ख ११६८ नम्बर के ट्रक आ सामने के ओर से आरहल ना १ ह ५८६१ नम्बर के अटो रिक्सा एक दुसरा में ठोकईला बाद अटो रिक्सा में रहल ६ जने यात्रु घायल भईल पुलीस जनवले बा ।

घायल महिला के अवस्था गम्भिर रहला से तराई अस्पताल में इलाज होरहल वार्ड प्रहरी कार्यालय श्रीपुर के प्रहरी निरिक्षक चक्र बहादुर मल्ल बतवनी ।

घायी महिला विश्रामपुर वडा नं. ९ के ४५ बर्षिया सबरुन खातुन रहल प्रहरी बतइले बा  ।

ठोक्कर देवेवाला मालवाहक ट्रक आ अटो लगायत ड्राईभर के नियन्त्रण में लेके अनुसन्धान होरहल पर्सा पुलिस जनवले बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here