वीरगंज में थप एक जने के कोरोना से मृत्यु

 वीरगंज में थप एक जने के कोरोना से मृत्यु

वीरगंज, भादो ३

वीरगन्ज में बुध के दिने कोरोना संक्रमण से थप एक ब्यक्ति के मृत्यु भइल बा। मृत्यु होखे में वीरगन्जमहानगरपालिका– ५ रेशमकोठी के ४० वर्षीया महिला के बुध के सझिया के ४ बज के १५ मिनेट में वीरगन्ज के हेेेेेल्थ केयर अस्थाई कोभिड अस्पताल में उपचार के क्रम में मृत्यु भइल अस्पताल जानकारी देहले बा ।

एकरा साथ ही बितल चौबीस घण्टा में कोरोना संक्रमण से वीरगंज में ३ जने के मृत्यु भइल बा ।

चिनी के मरिज रहल रेशमकोठी के ४० बर्षिया महिला के स्वास्थ में समस्या अइला पर उनकर इलाज अली अर्थो ट्रमा अस्पताल में बिगत ४ दिन से इलाज चलत रहे आ उहवें स्वाब संकलन करके परिक्षण खातिर देहला पर पिसिआर के रिपोर्ट पोजिटिभ आइल रहे जेकरा बाद उनका के मंगर के ही हेल्थ केयर अस्थाई कोभिड अस्पताल में भर्ना कइल गइल रहे । माकिर, स्वास्थ अवस्था में सुधार ना अइला पर उनका के भेन्टिलेटर पर राखके बचावे के कोशिश कइल गइल अस्पताल बतवले बा ।

ऐसे पहिले बितल २४ घंटा में दु जने के कोरोना संक्रमण से वीरगंज में ही जान गइल बा । वीरगन्ज–४ विर्ता के ८४ वर्षीय पुरुष के गण्डक स्थित अस्थायी कोभिड अस्पताल में मंगर के रात में मृत्यु भइल रहे त ओइसहीं वीरगन्ज-१५ भिस्वा के ५७ वर्षीय पुरुष के नारायणी अस्पताल में इलाज के क्रम में मंगर के ही मृत्यु भइल रहे ।

रेशमकोठी के ४० बर्षिय महिला के मृत्यु संगे वीरगंज में कोरोना से मरेवालन के संख्या ३१ पहुचल बा जेमे सावन में अकेले २८ जने के मृत्यु भइल बा । ३१ मृतक में २३ पर्सा के, ५ बारा के आ २ जने रौतहट के रहल बाड़े । ओइसहीं जेठ ३१ गते घंटाघर में मिलल एक लावारिस लास के अभीन तक पहिचान नइखे हो सकल ।

पर्सा जिल्ला में अभीन तक कोरोना संक्रमित के संख्या १५८३ रहल बा त बुध के कोरोना के लड़ाई जित के १५ जने अस्पताल से डिस्चार्ज भइल बाड़े ।

Digiqole ad Digiqole ad

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *