वीरगंज में निषेधाज्ञा के अवज्ञा करत व्यवशायी लोग दोकान संचालन कइलख

 वीरगंज में निषेधाज्ञा के अवज्ञा करत व्यवशायी लोग दोकान संचालन कइलख

वीरगंज, ११ भादो ।

वीरगंज में लगातार ३३ दिन के निषेधाज्ञा जारी रहला से पूर्णरूप से बन्द भईल ब्यापार के कारण दैनिक जीवन निर्वाह में कठिनाई आईल कहत व्यवशायी लोग आजु अपने निषेधाज्ञा के उलंघन करत दोकान दौरी संचालन कइले बा ।
वीरगंज के घण्टाघर, माइस्थान, आदर्शनगर समेत के स्थान में रहल दोकान सब आज से संचालन में लियावल गाईल बा । कोरोना वायरस के संक्रमण ना फइले देवे के उद्देश्य से स्थानीय प्रशासन बीतल सावन १ गते से ही वीरगंज में निषेधाज्ञा जारी कइले रहे ।
निषेधाज्ञा कड़ाई के संघे पालन करावे ख़ातिर स्थानीय प्रशासन सड़क पर सेना भी परिचालन कइले रहे । लगातार निषेधाज्ञा से संक्रमण के नियन्त्रण ना भईल पर निषेधाज्ञा के ही कारण आम नागरिक के दैनिक जनजीवन में ही समस्या आवे लागल एहि से निषेधाज्ञा के अवज्ञा करत दोकान संचालन में लियावल गईल एगो दोकानदार के कहनाम बा ।
व्यवशायीयन के बन्दी समय के भी घर भाड़ा देहि के परि, श्रमिक के पारिश्रमिक भी देहि के परि पर निषेधाज्ञा के कारण दोकान ना खोलला से कहा से सब देहल जाइ एहि से मजबूरन निषेधाज्ञा के अवज्ञा करत दोकान खोले के नौबत आईल दोकानदारन के कहनाम रहल ।
अभी त संक्रमण से ज्यादा भुखमरी से मरे के समय आगईल बा उ लोग के कहनाम बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *