वीरगंज में प्लास्टिक के चाउर बिक्री, रानिघाट स्थित राज लक्ष्मी खाद्यान्न पर छापा

    1709
    फोटो - साभार

    वीरगञ्ज, २४ सावन

    प्लास्टिक के चाउर बिक्रि वितरण के आरोप में वाणिज्य कार्यालय पर्सा द्वारा वीरगञ्ज महानगरपालिका -११ रानिघाटस्थित राज लक्ष्मी खाद्यान्न भण्डार प छापामारी कर के दु बोरा चाउर के नियन्त्रण में लेहल गइल बा ।

    पड़ोसी मुलुक भारत में निर्मित जीराशक्ति आ रिपुराज कहाए वाला चाउर में प्लास्टिक के चाउर मिलावल गइल के उपभोक्ता द्वारा देहल उजुरी के आधार प वाणिज्य कार्यालय, जिल्ला प्रशासन आ जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा से खटल संयुक्त टोली द्वारा उक्त खाद्यान्न भण्डार में छापामारी बाद अनुसन्धान के खातिर दु बोरा चाउर नियन्त्रण में लेहल गइल । टोली द्वारा थप अनुसन्धान हो रहल क़हत गोदाम के भी सिल कइल गइल बा ।

    उपभोक्ता लोग के स्वास्थ्य से खेलबाड करे वाला व्यापारीसब के कार्यवाही कइल जाई क़हत पर्सा के प्रजिअ नारायणप्रसाद भट्टराई गलत करे वाला व्यापारी सब के विरुद्ध में उपभोक्ता लोग के भी जागरुक होखे के पड़ी बतवलन ।

    प्लास्टिक के चाउर के प्रयोग कइला से क्यान्सर जइसन गम्भीर रोग समेत लाग सकेके खतरा रहला से अइसन चाउर के इस्तेमाल से दुरे रहे के डॉक्टर लोग भी सब केहु से आग्रह कइले बाड़न । रासस ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here