वीरगंज में भी मनावल गइल बलिदानी दिवस, शहीदन के सपना साकार करेके बाकी

    183

    वीरगंज, माघ ५ ।

    २०६३ साल माघ ५ गते के दिन मधेश आन्दोलन के सुरुवात के दिन मानल जाला । इहे दिन रहे जवना दिने सिरहा जिल्ला के लहान में मधेश आन्दोलन के पहिलका सपूत रमेश महतो के सहादत प्राप्त भइल रहे । ओह दिन से आजू के दिन मधेश में मधेशी पार्टी के अगुवाई में बलिदानी दिवस के रूप में मनावत आ रहल बा ।इहे क्रम में मधेश भर आजू १२ वां बलिदानी दिवस मनावल गइल ।

    मधेश आन्दोलन के पहिलका, दुसरका अउरी तिसरका आन्दोलन में सहादत प्राप्त भइल शहीदन के याद में प्रदेश २ के हर जिल्ला में आजू बलिदानी दिवस मनावल गइल बा । इहे क्रम में वीरगंज में भी दीप प्रज्वलन करके शहीदन के कुर्बानी के याद कईल गइल ।

    बलिदानी दिवस के अवसर पर आजू सनीचर के वीरगंज के घण्टाघर तर मधेस आन्दोलन के युवा नेता ओमप्रकाश सरार्फ के नेतित्व में श्रद्धाञ्जली कार्यक्रम सम्पन्न भइल बा । उक्त कार्यक्रम में अधिवक्ता सुरेन्द्र कुर्मी, समाजिक अभियन्ता लोग प्रकाश थारु, बृजेस चौधरी, मुनि श्रीवास्तव, डा.सुशमा तिवारी, कमल चौगाइ, शौलेन्द्र त्रिपाठी, जलेश्वर सरार्फ, अजितम पाण्डेय लगायत लोग शहीदन के कुर्बानी के याद करत मधेस आन्दोलन अभी भी अधुरा रहल जिकिर करत सहिद लोग के सम्मान ख़ातिर सहिदन के सपना के साकार करे पर जोड दिहले।

    बालिदानी दिवस प आजू सनिचर के प्रदेश २ सरकार के तरफ से छुट्टी देहल गइल बा त लहान में बृहत कार्यक्रम कर के प्रदेश सरकार बलिदानी दिवस मनवले बा ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here