वीरगंज में एगो युवक के लाश मिलल

551

वीरगंज, सावन१४

वीरगंज महानगरपालिका में सोमार के साँझ में एगो युवक के लास मिलल पर्सा प्रहरी बतवले बा । वीरगंज महानगरपालिका के वार्ड नंबर २२ जगरनाथपुर चौक लगे के नहर के किनार में एक युवक के मृत अवस्था में लास मिलल पर्सा प्रहरी जानकारी देले बा ।

मृत व्यक्ति जगरनाथपुर के ही ईसहाक मियां के ३५ बरिस के बेटा नथु मियाँ रहल प्रहरी बतवले बा । प्रहरी के मुताबिक लास मिलल के खबर सुनला के बाद जिला प्रहरी कार्यालय से खटल प्रहरी घटनास्थल से लास जाँच के मुचूल्का लेके प्रारम्भिक अनुसंधान शुरू कर चुकल जनवले बा ।

मृत व्यक्ति के शव के पोस्टमॉर्टम के खातिर वीरगंज के नारायणी अस्पताल में भेजल गइल बा । शुरुवाती जाँच से मृत्यु के कारण पता ना लगे सकल आ एकरा ऊपर थप अनुसंधान हो रहल पर्सा प्रहरी बतवले बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here