वीरगंज में सस्ता बजार आ मेला लगावे के निर्णय

 वीरगंज में सस्ता बजार आ मेला लगावे के निर्णय

वीरगंज, १५ कुवार ।

जिल्ला अनुगमन समिति, पर्सा के बइठक वीरगंज में सस्ता बजार आ मेला लगावे के निर्णय कइले बा ।
पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी आसमान तामांग के अध्यक्षता में जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा में बइठल बइठक दशहरा, सोहरैया आ छठ नियरइला से बजार में म्याद लांघल अखाद्य वस्तु बेचल जा रहल कहत बजार अनुगमन करे के निर्णय कइले बा ।
ओइसे ही बइठक घरेलु तथा साना उद्योग कार्यालय, पर्सा आ वीरगंज उद्योग वाणिज्य सङ्घ के साझेदारी में सस्ता बजार मेला महोत्सव आयोजना करे के निर्णय कइले बा ।

दशहारा, सोहरैया आ छठ परब में खाद्य वस्तु, जनस्वास्थ्य आ दावाई , पशु आ मांस जन्य पदार्थ आ होटल रेष्टुरेन्ट के सहयोग में सस्ता बजार लगावे के निर्णय कइले बा । बइठक में सरोकारवाला के प्रतिनिधियन के सहभागिता रहे

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *