वीरगंज मेघा उलेन के ट्रांसफार्मर मे आगलागी, सुरक्षा निकाय के कडा मसकत के बाद आग नियंत्रण मे

    201
    burning fire flame on black background

    वीरगंज, १४ कुवार ।

    वीरगंज महानगरपालिका के पावर हाउस चउक के नियरे रहल मेघा उलेन के ट्रांसफार्मर मे आगा लागल बा । वीरगंज महानगरपालिका के वाड नम्बर १३ पावर हाउस चउक नियरे आ नेपाल बिधूत प्राधिकारण के सामने रहल मेघा उलेन के २ सय के बि के ट्रास्न्फार्मर मे आग लागल ।

    आजू सबेरे करीबन ११ बजे के समय मे ट्रास्न्फार्मर मे अचानक आग लागला से आग के नियंत्रित करे खातिर सुरक्षा निकाय बहुते मसकत कईलख । आग लागला के करते उहा के स्थानीय लोगन मे एगो त्रास के माहोल बनल रहे त आग नियंत्रण करे के समय तक वीरगंज से पाथलईया चलेवाला गाड़ी तक बन्द कईल गईल रहे ।

    मेघा उलेन मे ज्यादा तर भारत से आयात कर के गाड़ी पार्क कईला के वजह से उ नाया गाड़ी सब के बचावे खातिर प्रहरी के साथ साथे आग नियंत्रण करे मे मेघा उलेन के कर्मचारी लोग भी लागल रहे ।

    आगलागी भईला पर सशस्त्र प्रहरी के जवान आपन जान के प्रवाह कईले बिना आग मुझाव खातिर ज़रूरियात समान के ब्यावस्था करत आग नियंत्रण करे मे लाग गईल रहे लोग । मानवीय क्षति ना होखो ओकरा खातिर वडा प्रहरी कार्यालय श्रीपुर, जिल्ला प्रहरी कार्यालय, सीमा सुरक्षा कार्यालय के प्रहरी लोग वीरगंज महानगरपालिका कार्यालय से आईल बरुण यंत्र के सहयोग मे आग के नियंत्रण करे मे सफल भईल लोग प्रहरी निरीक्षक कुमार मैनली बतवले ।

    करीब ११ बजे के समय मे लागल आग ४५ मिनट के बेसुमार मसकत के बाद नियंत्रण मे आइल रहे ।

     

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here