वीरगंज मेन रोड २५/२५ मीटर चौडीकरण मे १५ हजार जनता के हस्ताक्षर सहित समर्थन

    411

    वीरगंज, २८ कुवार ।

    वीरगंज के मेन रोड २५/२५ मीटर चौड़ा करे खातिर वीरगंज बिकास युवा संघर्ष सामिति द्वारा चलावल गईल हस्ताक्षर अभियान कार्यक्रम मे आजू तिसरका दिन ले १५ हजार आदमी लोग आपन हस्ताक्षर सहित के समर्थन जनवले बा ।

    मेन रोड के दाया आ बाया २५/२५ मीटर सड़क के जग्गा कायम करे के मांग करत वीरगंज बिकास युवा संघर्ष समिति २६ गते से हस्ताक्षर अभियान सुरू कईले रहे । वीरगंज के घण्टाघर मे तीन दिन तक चलावल गईल हस्ताक्षर अभियान मे अभी ले १५ हजार के समर्थन गोटा कईल गईल बा जेकरा के भौतिक पूर्वाधार मन्त्री तक पाहुचावे के तैयारी उ लोग के रहल बा । हस्ताक्षर अभियान मे १५ हजार विकास प्रेमी लोग के उपस्थिती आ समर्थन रहल माकिर वीरगंज के कौनों भी राजनीतिक दल के प्रतिनिधि, जनप्रतिनिधि ना रहल सामिति के सदस्य अकलेश साह दुख ब्याक्त कईले ।

    हमनी सभी कोई के यी अभियान मे आवे के नेवता देहले रहनी माकिर कोई भी ना अईल बढ़ी तजुब के बात लागल । यीहे मंच से सब कोई आवेके आ यी अभियान मे सहभागी बने के निहोरा कईले रहले । मीडियाबाजी मे आ सामाजिक संजाल मार्फत सड़क के २५/२५ मीटर तूरे के हमार सहमति बा हमरा तरफ से कौनों किसिम के अवरोध नईखे कह के दुमुहा चरित्र ना देखा के यी अभियान के सफल बना के असल जनप्रतिनिधि बन के देखावे के निहोरा कईले रहले ।

    संघर्ष सामिति के सदस्य बीबेक कुमार साह के अध्यक्षता मे तीसरा दिन के हस्ताक्षर अभियान के उद्धघाटन पर्सा जिल्ला के बिंदवासिनी गांवपालिका के अध्यक्ष श्रीलाल साह कानू मोदी कइले रहले । अध्यक्ष मोदी यी अभियान मे हमार पूरा समर्थन बा आ यी अभियान मे सभे कोई सहभागी हो के अभियान के सफल बनावे के निहोरा भी कईले रहले ।

    संघर्ष सामिति के सदस्य आ नेकपा युवा नेता अकलेश साह तीन दिन मे १५ हजार हस्ताक्षर सहित के दस्तावेज़ भौतिक पूर्वाधार आ यातायात मन्त्री रघुवीर महासेठ के देवे के बतवले । आज के अन्तिम दिन के समापन कार्यक्रम मे अकलेश साह, रंजीत चौरसिया, महमूद आलम, राकेश पटेल, संसूल अंसारी, संदीप साह, कलीम अंसारी, रामबाबू मण्डल समेत के उपस्थिथिति रहल ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here