वीरगंज मे अन्तर्राष्ट्रिय भेट्रान्स डे–नाइट फुटबल प्रतियोगिता होरहल

257

वीरगंज, १९ बईशाख ।
भेट्रान्स सिटी क्लब वीरगंज के अयोजना मे वीरगंज मे जे–८९ पहिलका अन्तर्राष्ट्रिय भेट्रान्स–८ साइड डे–नाइट फुटबल होखेवाला बा । आयोजक क्लब मंगर के पत्रकार सम्मेलन करके बईशाख २० आ २१ मे संचालन होखेवाला प्रतियोगिता के बारे जानकारी करइलख ।

क्लब के अध्यक्ष सबिन बस्नेत से दक्ष खेलाडी के उत्पादन, सामुदायिक विकास अवधारणा आ नेपाली कला, जगेर्ना करे के उद्देश्य से स्थापीत कलब से नेपाल मे सम्भवतः पहिलका पटक फुटबल प्रतियोगिता अयोजना करे लागल बतइलन ।

नेपाल आ भारत के कर के ११ फुटबल क्लब सहभागी होखेवाला यी प्रतियोगिता मे अभिषेक चर्च रजहर नवलपरासी, बिर्तामोड भेट्रान्स झापा, सिलिगुडी भेट्रान्स बंगाल भारत, कैलाली भेट्रान्स, चितवन भेट्रान्स, हेटौंडा भेट्रान्स, मुंगर भेट्रान्स बिहार भारत, सिमरा भेट्रान्स युवा स्पोटर््स क्लब वीरगंज, बगर भाइ खलक भेट्रान्स पोखरा, भेट्रान्स सिटी क्लब वीरगंज, बगर भाई खलक भेट्रान्स पोखरा, भेट्रान्स सिटी क्लब वीरगंज सहभागि होखी ।

विजेता क्लब के १ लाख ११ हजार १ सय ११ आ उपविजेता क्लब के ५५ हजार ५ सय ५५ रुपया के नगद पुरस्कार देहल जाई । प्रतियोगिता के उत्कृष्ट खेलाडी के ३ हजार आ सर्वोत्कृष्ट खेलाडी के ५ हजार नगद पुरस्कार बा । समग्र मे प्रतियोगिता के लागत ७ लाख रुपया रहल अध्यक्ष बस्नेत बतइलन ।

क्लब के महासचिव विनोद परिया से युवा खेलाडी के आपन जवानी राष्ट्र के समर्पित कईला से भेट्रान्स खेलाडी के आपने युवा अवस्था मे खेल्ल गईल खेल से जोडला से आपन स्वास्थ्य के खातिर भी खल्लजाला सोच साकार परे लाय प्रतियोगिता आयोजना करल गईल बतावल गइल रहे ।

उनका से वीरगंज नगर के साख के पूर्ण स्थापित करे लाय क्लब से सक्दो प्रयास करत अइला पर सांगठनिक एकता, भाइचारा आ आपसी सम्बन्ध जोडेमे प्रतियोगिता आयोजना कइल गइल बतावल गइल ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here