वीरगंज मे आजू से संक्रमितके खाना आ नास्ता के व्यवस्थापन “ सानो पाइला “ द्वारा शुरू

1815

वीरगंज, ५ जेठ ।

वीरगंजमे इलाज हो रहल कोरोना संक्रमित लोग के खाना आ नास्ता खियावेके जिम्मा आज से वीरगंजके एगो सामाजिक संस्था लेहले बा । अस्पतालके आइसोलेसन मे रहल संक्रमित लोगके पोषणयुक्त खाना ना मिललाके ओरहन आईलाके बाद खाना आ नास्ता ब्यावस्थापनके जिम्मा वीरगंजमे सक्रिय रूप से काम कर रहल सामाजिक संस्था “ सानो पाइला” लेहले बा । सानो पाइला लकडाउन के शुरू से ही वीरगंज के दोसर जगह पर भी लगातार असहाय लोग के खाना खियावत आरहल बा । कंचन झा अध्यक्ष रहल सानो पाइला अभी के समय मे बहुते सराहनीय काम कर रहल बा ।

संक्रमित लोगके बढ़िया आ पोषणयूत्क खाना ना मिलला से अस्पतालमे इलाज हो रहल एगो संक्रमित पत्रकार चाउचाउ खा के हमनी कोरोना से लड़ रहल बानी कहत्त स्वास्थ्यमन्त्रीके पत्र लिखलाके समाचार सार्वजनिक भईल रहे ।

कोरोना संक्रमितके खातिर खाना आ नास्ताके ब्यावस्थापन करेके जिम्मेवारी “ सानो पाइला” नामके सामाजिक संस्था लेहले बा सानो पाइला संस्था के संचालन प्रमुख जय साह जानकारी करवले । ओइसे ही संस्था संक्रमित लोगके खाना आ नास्ताके व्यवस्थापाके जीमेवारी लेवेके इच्छा देखवलाके कारण सानो पाइलाके खाना नास्ताके ज़िम्मेवारी देहल गईल सहायक जिल्ला प्रमुख ललितकुमार बस्नेत जानकारी देहले ।

सानो पाइला सिद्धार्थ मा वी आ नारायणी अस्पतालके आइसोलेसनमे रहल संक्रमित लोगके आज से खाना आ नास्ताके खियावेके व्यवस्था कईले बा । नारायणीमे रहल ७१ जना आ सिद्धार्थ मा वी के २६ जना खातिर आजू पहिला दिन नास्ता मे प्रति ब्यक्ति दु गो रोटी, आलूके भुजिया, एगो उसनल आन्डा, दूधके साथ साथे अंगूर आ सेव भी नास्तामे पैक करके देहल गईल बा सानो पाइलाके संचालन प्रमुख जय साह जानकारी करवले ।

साहके अनुसार सबेरे संझिया दु समय नास्ता आ दु समय खानाके व्यवस्थपन कईल गईल बा । खाना पर बिशेष ध्यान देत पूर्ण रूप से हाईजेनिक आ पोषणयुक्त खाना देवेके प्रयास बा जे संक्रमित लोगके रोग प्रतिरोधात्मक क्षमता बढ़ावे मे मदत मिलो ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here