रात के समय मे वीरगंज मे गोली चलल, एक युवा घायल ।

451

फागुन १६,वीरगंज ।

बुधबार रात के समय के करीब ११ बजे अज्ञात समुह के गोलि प्रहार से स्थानीय युवा घायल भईल बाड़न। जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के ठिक अगाडि रहल लाल बाङ्गला के पश्चिम ओरिया गोलि चलल रहे।

मोटरसाइकल पर सवार दु गोड़ा के गोली चलवला के कारण विन्दवासनी गाँवपालिका वडा नंबर ३ झौवा टोल निवासी ३० वर्षीय उमेश चौरसिया घायल भईल बाड़न । पावर हाउस से लाल बंगला लगेके आपन घर आवत बेर घर पुगे से ठिक पहिले मोटरसाईकल से आईल अज्ञात आदमी गोली चलाके भाग गइल उनकर भतीजा दीपक चौरसिया बताईले बाड़न । गोली चलत बेर दीपक भी घायल उमेश के साथे रहलन । पेट मे गोली लागल उनकर ईलाज अभिन नारायणी उपक्षेत्रीय अस्पताल मे हो रहल बा ।

होली के समय मे अईसन गोली चलला से स्थानीय मे त्रास के वातावरण पैदा हो गईल बा । घटना के कारण पता लगावे खातिर उक्त घटना के छानविन कईल जा रहल जिल्ला प्रहरी बतवले बा । एस पी डॉ. गणेश रेग्मि घटना के बारे मे अनुसन्धान सुरू हो गईल आ नाका सिल करके गोली चलावेवाला लोग के खोजी हो रहल जानकारी देहले बानी । प्रारम्भिक अनुमान से घटना के कारण आपसी रंजिस हो सकल बतावल गईल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here