वीरगंज मे निःशुल्क आधारभूत फोटोग्राफी कार्यशाला होई

60

 वीरगंज, फागुन ३०

अार्थिक नगरी वीरगंज के सृजनशील युवा लोग के समुह संस्कृती से पाँच दिने नि:शुल्क आधारभूत फोटोग्राफी कार्यशाला होखे जाता ।

पर्सा, बारा आ आसपास के क्षेत्र मे गुणस्तरीय फोटोग्राफर उत्पादन तथा फोटोग्राफी मे चाह राखे वाला शाैखिन आ क्यामेरा चलावे सिखेवाला लोगन के सहयोग खातिर कार्यशाला कईल जारहल अायाेजक संस्था जनवले बा ।

इहे चैत ६ गते मंगर से १० गते शनिचर तक वीरगंज महानगरपालि के कार्यालय के सभा हल मे अायाेजना होखेवाला कार्यशाला वीरगंज महानगरपालिका, पप्पु कन्स्ट्रक्सन, सिमा इट्टा उधोग, वीरगंज उधोग वाणिज्य संघ, मोहित ग्रुप, कोशिश फाउण्डेसन आ संघीय प्रेस फोरम के सहयोग मे सञ्चालन होखे जारहल संस्कृति जनईले बा ।

पाँच दिन तक चलेवाला उक्त कार्यशाला मे बहुति मे १५ जना सहभागी लोग भाग लेसकल आयोजक संस्था के टिम लिडर शैली चौधरी जानकारी करईनी ।

नेपाल के प्रख्यात डकुमेन्ट्री फोटोग्राफर किशोर शर्मा के प्रमुख प्रशिक्षण रहेवाला ई कार्यशाला मे पर्सा आ बारा मे कार्यस्थल बनाके राष्ट्रिय तथा अन्तर्राष्ट्रिय मिडिया मे आबद्ध रहल फोटो पत्रकार लोग के विशेष कक्षा समेत करावल जाई टिम लिडर शैली चौधरी कहली, ‘तराई के गाँव/शहर से परिचित बाक़िर फोटोग्राफी सिखेमे इच्छुक रहल व्यक्ति खातिर ई कार्यशाला आयोजना हो रहल बा । ईहवा के माैलिक फाेटाे सब के कइसे चिन्ह सकल जाई आ उ फाेटाेवन के क्यामरा मे कैद करके कइसे देखासकल जाई, विशुद्ध रूप से एकरे खातिर ई कार्यशाला राखल गइल बा ।’

कला क्षेत्र मे काम करेवाला वीरगंज के अग्रगामी संस्था के रुपमा परिचित संस्कृत द्वारा आपन स्थापनाकाल से ही युवा लक्षि्त अनेकन सृजनशिल कार्य सब करत आ रहल बा । विगत ५ बरीष के अवधि मे एक दर्जन से भी जादे फोटोग्राफी, चित्रकला, नृत्य, म्युजिक, लेखन लगयात के शिर्षकन पर कार्यशाला संस्कृति द्वारा निरन्तर रुपसे आयोजना करत आ रहल बा । ओईसही संस्था से वीरगंज के अनेकन स्थान सबपर भित्ता चित्र से सहर के सुन्दर बनावे के अभियान समेत चला चुकल बा ।

चैत ६ से अायाेजना होखेवाला फाेटाेग्राफि कार्यशाला मे सहभागी होवे खातिर संस्कृति आपन फेसबुक पेज मे उपलब्ध करावल अनलाइन आवेदन फारम भरके खुद से खिचल कवनों भी १० गो उत्कृष्ट फाेटाे सबके समावेश करके संस्कृति के इमेल भेजेके प्रावधान राखल गईल बा । अथवा आदर्शनगर स्थित सहारा स्पोर्ट्स मे उपलब्ध करावल फारम भरके चैत ४ गते तक बुझावेके व्यवस्था मिलावल संस्था के सह-संस्थापाक आँशु सर्राफ बतइले बानी। प्रमुख प्रशिक्षक किशोर शर्मा आ संस्कृति के आउर सदस्य लोग से आवेदन मे लिखल उत्तर आ भेजल तस्विर के आधार पर १५ सहभागी के चुनल जाई आ कार्यशाला पूर्ण रूपसे निःशुल्क भईला से कवनों किसिम के शुल्क तिरेके ना परी सर्राफ बतवनी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here