वीरगंज मे “प्लाज्मा थेरापी” से संक्रमित के इलाज शुरू

 वीरगंज मे “प्लाज्मा थेरापी” से संक्रमित के इलाज शुरू

वीरगंज, १५ भादो ।

वीरगंज मे पहिला बेर कोरोना संक्रमित के “प्लाज्मा थेरापी” बिधी से इलाज भइल । सर्लाही के चकरघट्टा गांवपालिका वाड नम्बर ३ सुन्दरपुर के ३५ साल के पुरुष के प्लाज्मा थेरापी से इलाज शुरू भइल बा ।

नारायणी अस्पताल मे इलाजरर्थ उनका के आईतवार के रात के संक्रमण मुक्त व्यक्ति के प्लाज्मा देहल गईल डाक्टर उदय नारायण सिंह जानकारी देहले । उनका के नारायणी अस्पताल के स्टोर शाखा प्रमुख दामोदर अधिकारी प्लाज्मा देहले बाड़े ।

कडा किसिम के कोभिड़ निमोनिया देखला के बाद उनका के नारायणी अस्पताल के आईसीयू मे सीपीएपी के सपोर्ट मे राखल बा । ७ दिन से बोखार, ५ दिन से खोकी, २ दिन से श्वासप्रश्वास के समस्या ले के भादों ३ गते उ अस्पताल मे भर्ती भइल रहले । शंकास्पद कोभिड़ के लक्षण देखला के कारण उनकर पीसीआर परीक्षण कइला पर भादों ४ गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भइल रहे ।

बीमार के खून मे भि समस्या देखल गइल डाक्टर सिंह बतवले । प्लाज्मा राति देहल गइल बा । स्वास्थ्य मे सुधार आवाता की नईखे आवता हमनी देख रहल बानी, उ कहले, ‘ खून परीक्षण कइला पर डीआईसी भइल देखल गइल । खून पातर करे के दवाई भि हमनी चला रहल बानी ।

डाक्टर के हिसाब से डीआईसी के खून जटिल समस्या के रूप मे मानल जाला । यी समय मे खून मोट हो जाला आ शरीर के छोटछोट रक्तनली सब मे रक्त प्रवाह बन्द होखे के डर रहेला ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *