वीरगंज मे बालबच्चन खातिर पोषण सम्बन्धी तालिम आज से शुरू

134

वीरगंज, ६ आसार ।

वीरगंज महानगरपालिका नगर कार्यपालिका के कार्यालय के सहयोग मे शुक के दिन से गर्ववती महिलन के बालबच्चन खातिर पोषण संबन्धित अभिमुखीकरण तालिम गोष्टी शुरू भईल बा ।

वीरगंज महानगरपालिका वाड नम्बर ३ मे वीरगंज महानगरपालिका के कार्यालय के सहयोग आ शहरी गरीब सशक्तिकरण समाज (उपस) के आयोजना मे तालिम के आज एक समारोह के बीच मे उद्धघाटन कईल गईल ।

उपस के सचिव जितेन्द्र गिरि के सभापतीत्वमे आयोजित कार्यक्रम वीरगंज महानगरपालिका के कार्यपालिका सदस्य बरखतुन नेशा के प्रमुख आतिथ्यमे सम्पन्न भईल रहे । ३५ जने सभागीयन के सहभागिता रहल उ तालिम २ दिन ले चले के उपस के सचिव जितेन्द्र गिरि जानकारी करवले ।

तालिम के प्रमुख प्रशिक्षक पोषण गृह के प्रवंधक सरिता यादव बाड़ी । तालीम मे बोलत प्रमुख अतिथि कार्यपालिका सदस्य बरखतुन नेशा बालबच्चन के ठीक से पोषण सहित के खायेवाला सामान देवे के जरूरी बा बतवली । उ कहली पोषण के कमी से संसार भर लाखो लईका लईकी  मरला के वजह से गर्ववती महिला लोग के नावजात बच्चा आ बालबच्चन के पोषण पर ध्यान देवे के निहोरा कईली ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here