वीरगंज मे बढ़ रहल फोहर अउरी जाम के कारण पर्यटक के साथे समूचा मुलुक के इज्जत घटता

101

वीरगन्ज, २२ फागुन ।
मुलुक के मुख्य प्रवेशद्वार वीरगन्ज नाका से नेपाल आवेवाला पर्यटक के संख्या दिनानुदिन घट्दै जा रहल बा । सिमाक्षेत्र मे लागे वाला घन्टौ के सवारी जाम अउरी खराब सडक के कारण वीरगन्ज नाका से पर्यटक नेपाल आवे के ना चाहला पर क्रमिक रुप से संख्या घट्ते जा रहल बा ।

वीरगन्ज महानगरपालि के भितर उत्पादन भईल फोहर के बार्डर एरिया मे विर्षजन कईला के कारण प्रवेशद्वार एरिया ही दुर्गन्धित होखे के साथ साथ खराब सडक भइला से गर्दा धुवा, धुरा माटी जादा उदला पर वीरगन्ज नाका से पर्यटक नेपाल आवे के ना चाह रहल अध्यागमन कार्यालय वीरगन्ज के अधिकारी लोग जनईले बा लोग ।

वीरगन्ज नाका से एक बेर नेपाल प्रवेश करेवाला पर्यटक दोसर बेर नेपाल आवे के बेर अन्य नाका प्रयोग करे ला लोग ओइसही वीरगन्ज नाका से आवत बेर के अनुभव सब सुनला पर ई नाका से दोसर पर्यटक समेत आवेके ना चहेला लोग अध्यागमन कार्यालय वीरगन्ज के वरिष्ठ अध्यागमन सहायक नवराज बरतौला जानकारी देहनी ।

आर्थिक वर्ष २०७१/०७२ मे वीरगन्ज नाका प्रयोग करत आवत जावत करेवाला पर्यकट के संख्या २ हजार ९सय ६६ रहल रहे त चालु आर्थिक वर्ष के फागुन २१ गते तक एक हजार ५ सय ६४ जने पर्यटक मात्र वीरगन्ज नाका प्रयोग कईल अध्यागमन कार्यालय के कर्मचारी द्वारा जानकारी देहल गईल ।
वीरगन्ज नाका से नेपाल आवेवाला सब से बेसी अमेरिका, रुस, क्यानडा अउरी नेदरल्यान्ड के पर्यटक रहल वरिष्ठ अध्यागमन सहायक बरतौला द्वारा बतावल गईल ।

वीरगन्ज के सिमाक्षेत्र मे लागे वाला जाम अउरी थुपार के राखल फोहर के डुङ्गुर व्यवस्थापन अगर हो सकत रहे त खाली वीरगंज ही ना समूचा नेपाल प्रति पर्यटक लोग के सोच सकारात्मक होखला के साथे एसे मुलुक के पर्यटक व्यवसाय समेत के फइदा पुगीत जानकार लोग के कहनाम बा । साभार – अंकुश दैनिक ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here