वीरगंज मे भइल परीक्षण मे पर्सा के ३२ जने समेत ४१ जने मे संक्रमण पुष्टि

 वीरगंज मे भइल परीक्षण मे पर्सा के ३२ जने समेत ४१ जने मे संक्रमण पुष्टि

वीरगंज, १५ भादो ।

वीरगंज मे आजू फेर ४१ जने मे कोरोना संक्रमण के पुष्टि भइल बा । नारायणी अस्पताल के ल्याब मे भइल परीक्षण मे ४१ जने मे कोरोना पुष्टि भइल बा । संक्रमित मे से ३ जने मे जिन एक्सपर्ट प्रविधि से परीक्षण कईल गइल बा ।

अस्पताल के प्रवक्ता डाक्टर अतुलेश कुमार चौरसिया के हिसाब से अनेकन स्थान से आइल ४ सय ३६ जने के सवाब के पीसीआर प्रविधि से परीक्षण कइला पर ३८ जने मे आ अस्पताल के आकस्मिक कक्ष मे भरती भइल ४ जने के जिन एक्सपर्ट प्रविधि से परीक्षण कईला पर ३ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भइल के जानकारी देहले ।

८ महिला सहित संक्रमित होखे मे ६ साल के लइका से ले के ७० साल के वृद्ध तक रहल बा लोग । संक्रमित मे से परसा के ३२ जने, बारा के ४ जने, सर्लाही के १ जने आ ठेगाना ना खुलल अपरिचित व्यक्ति १ जने रहल बाड़े डाक्टर चौरसिया जानकारी करवले । जिन एक्सपर्ट प्रविधि से परीक्षण कईल कोई के भी ठेगाना नईखे मालूम चले सकल ।

पर्सा के संक्रमित मे से वीरगंज महानगरपालिका के अनेकन वाड से २१ जने, कलिकामाइ गांवपालिका से ९ जने आ जीराभावानी गांवपालिका से २ जने रहल बा लोग ।

वीरगंज महानगरपलिका वाड नम्बर ११ के सब से बहूती १२ जने, वाड नम्बर २ से ३ जने, वाड नम्बर २० से २ जने आ वाड नम्बर ५, ६, १३ आ १५ से एक एक जने मे संक्रमण पुष्टि भइल बा ।
ओइसे ही कालिकामाई गांवपालिका वाड नम्बर १ आ ४ मे चार चार जने आ वाड नम्बर ३ से एक जने संक्रमित रहल बाड़े । ओइसे ही जीरा भवानी गांवपालिका के वाड नम्बर २ से दु जने संक्रमित रहल बा लोग डाक्टर चौरसिया जानकारी करवले ।

एने बारा जिल्ला के कोल्भि नगरपालिका के ३ जने आ महागढ़ीमाई नगरपालिका वाड नम्बर ११ के एक जने संक्रमित रहल बाड़े । सर्लाही के संक्रमित रामनगर गांवपालिका के रहल बाड़े ।

सारा संक्रमित लोग के सिटी भ्यालु १७ से ले के ३२ तक रहल बा डाक्टर चौरसिया जानकारी करवले ।

Digiqole ad Digiqole ad

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *