The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

वीरगंज मे राष्ट्रिय स्तरको पाँचवा वीरगंज सिटी हाफ म्याराथन दोड प्रतियोगिता होई

वीरगंज, ६ बैशाख ।
पर्सा के वीरगंज मे राष्ट्रिय स्तर के पांचवा वीरगंज सिटी हाफ म्याराथन (२१.१ कि.लो.) दोड प्रतियोगिता होखेवाला बा । पर्सा जिल्ला एथलेटिकक्स संघ वीरगंज के आयोजना मे बईशाख २८ गते शनिचर के विहनइया ६ बजे से वीरगंज के घण्टाघर से होखेके बात आजु पत्रकार सम्मेलन के आयोजना करके जानकारी करावल गइल बा ।

मुलुक के ही लाइफ लाइन आ आर्थिक नगरी वीरगंज मे पछिला समय मे खेलकुद के गतिविधि कम होत गइला पर खेलकुद प्रति यूवा लोग के चाव बढ़ावे खातिर ई प्रतियोगिता के पहिले जैसने ऐह बर्ष भी एक होखेके सम्पन्न करेके पत्रकार सम्मेलन मे बोलत एथलेटिकक्स संघ पर्सा के अध्यक्ष शैलेन्द्र पाण्डे बतइलन ।

घण्टाघर से सुरु होके छपकइया पोखरा से रेल्वे सडक होते परवानीपुर प्रहरी चौक से फेर घण्टा घर मे पहुच के म्याराथन पुरा होखे के जनावल गइल बा । नेपाल पत्रकार महासंघ, पर्सा के सभा हल मे आयोजित पत्रकार सम्मेलन मे नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के उपाध्यक्ष अनुप तिवारी, पूर्व खेलाडी हरि बहादुर श्रेष्ठ लगायत लोग के उपस्थीती रहल रहे आ पत्रकार सम्मेलन के सहजिकरण पत्रकार राधेश्याम पटेल कइले रहलन ।

प्रतिकृया
Loading...