The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

वीरगंज मे सवारी दुर्घटना १ जने के मृत्यु आ १ जने घायल

वीरगंज, २६ कुवार ।

वीरगंज मे भईल सवारी दुर्घटना मे पर के १ जने के मृत्यु आ एक जने घायल भईल बाड़े । दुर्घटना मे पर के बेथान नगरपालिका वाड नम्बर ७, दार्चुला के ४० साल के बिसन खत्री के मृत्यु भईल बा ।

वीरगंज वाड नम्बर १४ मे रहल चिनिमील आवास क्षेत्र मे रहत आइल खत्री के वीरगंज से गण्डक के तरफ जा रहल ना ६१ प ४४५१ नम्बर के मोटरसाइकिल ठोक्कर देहले रहे प्रहरी जानकारी करवले बा ।

ठोक्कर से घायल खत्री के तत्काल उद्धार कर के गण्डक मे रहल वीरगंज हेल्थ केयर अस्पताल मे ले गईल गईल रहे । हेल्थ केयर अस्पताल मे इलाज करत समय उनकर मृत्यु भईल जिल्ला ट्राफिक प्रहरी कार्यलय पर्सा के प्रमुख ट्राफिक प्रहरी निरीक्षक राजकुमार सिंह जानकारी देहले ।

मोटरसाइकिल सहित वीरगंज-३१ के चालवनिहार भरत भण्डारी थारु के प्रहरी आफ्ना हिरासत मे लेहले बा ।

प्रतिकृया
Loading...