वीरगंज मे हुण्डी कारोबार मे सामील दु जने के नगदी सहित प्रहरी पकड़लख

832

वीरगंज, ३० कार्तिक ।

अबैध हुण्डी कारोबार हो रहल मिलल बिशेष सूचना के आधार पर नेपाल प्रहरी वीरगंज से दु जने के हिरासत मे लेहले बा । वीरगंज प्रहरी कार्यालय द्वारा खटल प्रहरी टोली वीरगंज वाड नम्बर १६ मे रहल सड़क पर से ही काल्ह अंदाजन १:३० के समय मे दु जने के हुण्डी के पैसा के साथ गिरफ्तार कईले बा ।

भारत के रक्सौल से वीरगंज के तरफ आ रहल BR०५AB ६३०२ नम्बर के भारतीय नम्बर के मोटरसाइकिल पर बईठल रक्सौल मौजे के अरुण कुमार के बेटा २० साल के सोनू कुमार आ ओहि जगह के २० साल के अंकित कुमार के लगे से बिना श्रोत के नेपाली रोपेया ७,४९,५००/- नगद प्रहरी बरामद कईलख ।

प्रहरी दुनु जने के प्रहरी कार्यालय पर्सा मे लिया के सम्मानित पर्सा जिल्ला अदालत, पर्सा से बैंक आ बीतीय कारोबार सम्बन्धी एन मे हुण्डी मुद्दा दर्ता क के म्याद ले के आगा के अनुसंधान आगा बढ़वले बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here