वीरगंज रानिघाट मे एगो महिला दहेज लाय भईली हिंसा के सीकार

    667

    वीरगंज २७, भादो ।

    वीरगंज रानिघाट मे एगो महिला दहेज खातिर महिला हिंसा के शिकार बनल बाड़ी । पीड़ित रंजू साह कानू के उनकर पति गोबिन्द प्रसाद कानू आ ससुर जोखू साह कानू सहित सास मिल के दहेज खातिर आघात पिटले बा लोग ।

    मारपीट से घाही महिला रंजू साह के अभी वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे इलाज हो रहल बा । पीड़ित रंजू साह के अवस्था अभी गम्भीर बा नारायणी अस्पताल मे रहल प्रहरी जानकारी करवले बा ।

    वियाह भईला के दश साल भईला पर भी उनकर पति गोविन्द प्रसाद कानू, ससुर जोखू कानू आ सास मिल के लगातार दहेज खातिर मारत पिटत आइल आ केतना बेर आग से जरावे के भी प्रयास भी कईले लोग पीड़ित रंजू साह के भाई अशोक साह जानकारी करवले । श्रोत : वीरगंजसंजाल डट कम

      

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here