वीरगंज श्रीपुर के ओमआश्रम नियरे पेन्ट गोदाम मे भीषण आगलगी

    232

    वीरगंज, १७ बैसाख ।

    वीरगंज महानगरपालिका – ११ श्रीपुर के ओम आश्रम एरिया मे आजू संझिया भीषण आगलगी भइल  । आजु करीब ६ बजे के लपेट मे श्रीपुर मे रहल लक्ष्मीदीप इंटरप्राइजेज़ के पेन्ट के गोदाम मे आगलगी भइल रहे जवन अभी ले काबू नईखे करल जा सकल ।

    वीरगंज महानगरपालिका, जीतपुर सिमरा उपमहानगरपालिका, पोखरिया नगरपालिका के दमकल के सहयोग मे नेपाल प्रहरी, सशस्त्र प्रहरी, नेपाली सेना आ स्थानीय लोग के सहयोग मे आग के काबू मे लियावे के अथक प्रयास कर रहल बा ।

    गोदाम मे अचानक लागल आग केमिकल मे सुनग के फैलल रहे । आगलगी का कारण से भइल अभी तक नईखे मालूम चलल । आगी गोदाम के अगल बगल मे रहल घर ओर भी फैलल बा । पर्सा के प्रहरी नायब उपरीक्षक मान बहादुर राई जानकारी देहले । आगलगी भइल जगह के नियरे नेपाल फार्मास्युटिकल लिमिटेड (NPL) के दवाई कारख़ाना आ बहुते घाना बस्ती भी बा । घाना बस्ती के बीच मे एतना भीषण आग लागला से ऊहा के स्थानीय आतंकित हो गइल बा लोग ।

    आगलगी के कारण गोदाम मे राखल पेन्ट, पेन्ट बनावे खातिर प्रयोग होखेवाला केमिकल, स्प्रिट आ पेन्ट बनावेवाला मसिन जर के नष्ट हो गइल । धनमाल के नोक्सानी बहुते भइल बा माकिर अभी ले कौनों जन के नोक्सानी के खबर नईखे मिलल ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here