वीरगंज सिटी हल्फ म्याराथन – अंतराष्ट्रीय धावक विच बाजी मरले थापा आ संकृति रक्षा दौड़ मे मुखिया

195

वीरगंज, बैशाख ८ ।

वीरगञ्ज सिटि हाल्फ म्याराथन प्रतियोगिता में लालबहादुर थापा विजयी भईल बाड़न । पर्सा जिल्ला एथ्लेटिक्स संघ वीरगञ्ज के आयोजना मे भईल प्रतियोगिता मे पहिला होखे मे सफल त्रिभुवन आर्मी के थापा २१. ५ किलोमिटर के दौड १ घण्टा ११ सेकेन्ड मे पुरा कईले रहले । पहिला भईला के बापत उनका के प्रमाणपत्र सहीत २५ हजर मिलल ।

ओइसही प्रतियोगिता में आर्मी के ही टिकाराज कटुवाल ( १ घण्टा १२ सेकेन्ड) आ सशस्त्र प्रहरी के १ घण्टा १२.३६ सेकेन्ड साथ सन्तोष विष्ट दूसरा अउरी तिसरा भईलन। ओहलोग के क्रमशः २० आ १५ हजार नगद,आ प्रमाणपत्र मिलल ।

ओईसही ५ किलोमिटर जूनियर दौड प्रतियोगिता तरफ सुभाष थापा, अनिल साह, अनिल शर्मा क्रमशः पहिला, दूसरा आ तिसरा होखे में सफल रहल लोग । उ लोग के नगद ५ हजार, ३ हजार आ २ हजार पुरस्कार, शिल्ड अउरी प्रमाणपत्र प्रदान कईल आयोजक एथलेटिक्स संघ पर्सा के अध्यक्ष शैलेन्द्र पाण्डे जनवनि ।

म्याराथन दौड प्रतियोगिता के आर्कषण के केन्द्र विन्दु रुपमे रहल दक्षिण एशियाली म्याराथन आ ओम्पियन बैकुन्ठ मान्धर,अन्तराष्ट्रिय धावक पुष्पलाल श्रेष्ठ,बुद्धवीर लामा लगायत द्वारा विजेता खेलाडी लोग के हौसला बढ़ावत पुरस्कार वितरण कईल गईल।

संघ के अध्यक्ष शैलेन्द्र पाण्डे के अध्यक्षता आ दिलिपराज कार्की के सहजीकरण मे सम्पन्न भईल कार्यक्रम मे मध्यमाञ्चल खेलकुद विकास समिति वीरगंज के अध्यक्ष मानदेव हाजरा,नेपाल आईस के प्रतिनिधि प्रदीप कंडेल, हिमालयन डिष्टीलरी लिमिटेड के कारखाना प्रबन्धक उदय भण्डारी, गण्डक हस्पिटल के सिइओ चन्दनकुमार चौरसिया, क्रिकेट एशोसियशन नेपाल, मध्यमाञ्चल क्षेत्रीय समिति वीरगंज के सदस्य कृष्णकन्हैया कायस्थलगायत के उपस्थिति रहे ।

ओइसही वीरगंज मे ही आजूए सँस्कृति रक्षा दौड प्रतियोगिता भी ईहा सम्पन्न भईल बा । ५ किलोमिटर दुरी के प्रतियोगिता में प्रिन्स कुमार मुखिया प्रथम भईल बाड़े । ओईसही चन्देश्वर पटेल, विकास चन्द उपाध्याय क्रमशः दूसरा आ तिसरा भईल बाड़े । हिन्दु स्वयंसेवक संघ द्वारा आयोजना कईल प्रतियोगिता के विजेता लोग के पूर्व प्रधानसेनापति रुक्माङ्गत कटवाल द्वारा पुरस्कार प्रदान कईल गईल रहे ।

दौड प्रतियोगिता के रुट घण्टाघर से छपकैया पोखरी से रेल्वे रोड होके घण्टाघर तक के ५ किलोमिटर खातिर निर्धारण कईल रहे त २१ किलोमिटर मे परवानीपुर प्रहरी चेक प्वाइन्ट से पुनः घण्टाघर मे ही लौटावल गईल रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here