वीरगंज से २ जने के भईल अपहरण

    756

    आस, सावन १५

    वीरगंज मेंं अभीन सुरक्षा चुनौति बढत गईल बा । वीरगंज से सोमार आ मंगर के दिन करके २ जने के अपहरण भईल बा । मंगर के दुपहर २ बजे वीरगंज के घण्टाघर से पर्सा के बिन्दवासिनी गाँउपालिका वडा नं. ४ मधवल निवाशी तरुणदल कें कार्यकर्ता उपनेश चौरसिया के कुछ अज्ञात आदमीसब के झुण्ड अपहरण करके रक्सौल के ओर लेगईल परिवारजन के कहनाम बा ।

    मोटरसाईकील मेंं आईल ४ जने के झुण्ड चौरसिया के अपहरण करके लेगईल प्रत्यक्षदर्शि सभन के कहनाम बा । अपरहण कईला बाद पुलीस के जानकारी करावल गईल बाक़िर पुलिस समय प ध्यान ना देहल वार्ड अध्यक्ष अनुज चौरसिया आरोप लगवले बाडे ।

    एहितरे वीरगंज महानगरपालिका–१९ इनर्वा के रहनीयार ३५ वरीष के अरमान अलि के अपहरण भईल उन्कर परिवारजन बतवले बाड़न् । सोमार के सबेरे ५ बजे नमाज पढके घरे आईल अरमान केहुके फोन अईलाबाद बाहर गईल आ ओकरा बाद घरे नईखन पहुचल ।

    उन्कर परिवार सोमार के दिनभर खोजतलाश कईलन बाक़िर कहिसे कवनो खबर ना मिलल जानकारी देहले बाड़न । मंगर के सबेरे ८ बजे अरमान के दिदी के मोबाईल मेंं अरमान मोबाईल से फोन आईल आ पैसा ना देहला बाद मुवावे के धम्की मिलल रहे । अरमान के नम्बर से फोन आईल आ अरमान ही अपने से कहलन कि पैसा ना दियाइ त मुवादियन एकरा अलावा अउर कुछउ ना कहके फोन स्वीच अफ होगईल ।

    परिवारजन के अरमान के अपहरण भईल संका लागला बाद पुलीस के जानकारी करवले बाड़न । पुलीस घटना के बारे मेंं अनुसन्धान शुरू भईल बतवले बा ।

    एसे पहिले भी बितल जेठ ८ गते वीरगंज महानगरपालिका–३ छपकैया निवासी शम्भु साह तुरहा के ८ वरीष के बेटा करण साह के अपहरण भईला बाद पुलीस से अपनावे वाला जरुरी सक्रियता ना अपनाई ला से लईका के हत्या भईल परिवारजन आरोप लगावत आईल बा ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here