वीरगञ्ज महानगरपालिका के मेन रोड २५ मिटर चौडा करेके काम सुरु

775

बिमला गुप्ता

आस,आसाढ २२ वीरगञ्ज महानगरपालिका के मेन रोड के २५ मिटर चौडा करेके काम के सरुवात होचुकल बा । सडक विभाग वीरगञ्ज के मेन रोड के २५ आ २५ मिटर दायाँ बायाँ चौडा करेके काम सुरु कईले बा ।

विभाग सडक अतिक्रमण करके बनावल घर संरचना सभन के हटावेला जारी कईल १५ दिनके सूचना के म्याद शनिचर के ओरईला के बाद रोड चौडा करेके काम आगे बढवले बा ।

विभाग एतवार से मेन रोड के दायाँ बायाँ २५ आ २५ मिटर तक के सडक मे नापी नक्सा करके चिन्हा लगावेके काम सुरु कईल सडक डिभिजन कार्जालय हेटौँडा के प्रमुख इञ्जिनियर सुमन योगेश जनवनी । उहा के अतिक्रमण करके बनावल घर के स्थानीय बासिन्दा अपने से ना तुरी लोग त अब डोजर लगाके तूरेके बतवलन ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here