The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

वीरगन्ज के मेला में उमड़ल भक्तन के भारी भीड़, जगह जहग प्रसाद वितरण (फोटो फिचर)

वीरगंज, ३१ कुवार

दसरहा के पहिला दिन ‘घटस्थापना’ से ही शुरु भईल वीरगंज के प्रसिद्ध शक्ती पीठ के रुप में रहल गहवामाई मन्दिर के मेला में आउर दिन से जादे आजु वीरगंज में मेला देखे आवे वालन के भीड़ बढ़ गईल बा । विशेष कर के सप्तमी के फूलपति आ अष्ठमी के बलिदान भइला से मेला में भारी भीड़ लागल बा ।

पर्सा, बारा, रौतहट लगाएत भारत के अनेकन जगह से मेला देखे आवे वाला भक्तन के भीड़ लागला से माँ निर्मल स्टोर के सन्चालक अजय प्रर्जापती के स्वर्गीय माता तारादेवी के स्मृति में भक्तजन के प्रसाद वितरण कईल गईल बा । ओइसही मेला देखे आवेवाला भक्तन के वीरगन्ज में रहल आउर दोकनदार लोग भी प्रसाद वितरण कर रहल बा लोग ।
घण्टाघर, माईस्थान, आदर्शनगर, घडिअर्वा लगाएत के स्थानसब के मेंन चउक पर मेला के करते ट्राफीक व्यवस्थापन में भी समस्या आरहल बा । पर्सा, बारा लगाएत भारत के सीमावर्ती अनेकन जगह से आईल भक्तजन के भिड से आजु वीरगंज के हर गली-चौराहा पर लोग के भीड़ देख सकल जाता ।
अनेकन जगह से मेला देखे आईल लोग के खातिर मेला में अनेकन सामान सब विक्री करे वाला खुद्रा व्यापारी लोग द्वारा घण्टाघर से माईस्थान होत आदर्शनगर तक जाए वाला मुख्य राजमार्ग के रोड पर ही दोकान लगाके समान विक्रि कईला से ट्राफिक व्यस्ठा अस्त-व्यस्त भइला से आवतजावत समेत में समस्या उत्पन्न भइल बा ।

वीरगंज के केंद्रबिन्दु के रूप में रहल गहवामाई मन्दिर में फुलपाती के दिन से ही ज़नानी लोग खोइच भरे के कार्य शुरू भइल बा । मेला आजु देर रात के बाद सामापन होई ।

ई साल के वीरगंज के मेला देखल जाव फोटोग्राफर सुयश श्रेष्ठ के फोटो के नजर से ।

फोटो – सुयश श्रेष्ठ
फोटो – सुयश श्रेष्ठ

प्रतिकृया
Loading...