वीरगन्ज मे नेपाल आ भारत के खेलाडीसब सहभागी अन्तर्राष्ट्रिय तेक्वान्दो प्रतियोगिता सुरु

199

वीरगंज, पुस २४ ।

वीरगन्ज मे मंगर से नेपाल आ भारत के खेलाडीसब सहभागी अन्तर्राष्ट्रिय तेक्वान्दो प्रतियोगिता सुरु भइल बा । जिल्ला तेक्वान्दो संघ पर्सा से अयोजना कइल “प्रथम इन्डो नेपाल तेक्वान्दो च्याम्पीयनशिप २०७५” के प्रदेश नंबर २ के भौतिक पुर्वधार विकास मन्त्री जितेन्द्र सोनल उद्घाटन कइले रहनी ।

प्रतियोगिता के मुल आयोजक समिति के संयोजक शिवशंकर पटेल के अध्यक्षता मे भइल उद्घाटन समारोह मे बोलत प्रदेशसभा सदस्य ओमप्रकास शर्मा, पर्सा के सिडिओ नारायाण प्रसाद भट्टाराई, वीगन्ज महानगरपालिका के उपमेयर शान्ति कार्की, मध्यमाञ्चल क्षेत्रीय खेलकुद विकास समिति के अध्यक्ष मानदेव हजरा लगायत के खेलकुद के विकास मे लगानी करेला तीने गो तहके सरकार संगे आग्रह कइले रहनी । पुस २६ गते तक सन्चालन होखेवाला प्रतियोगिता मे नेपाल के १० आ भारत के तीन करके कुल १३ टिम के सहभागिता रहल बा ।

प्रतियोगिता मे नेपाल के तर्फ से साते गो प्रदेश, नेपाली सेना, सशस्त्र प्रहरी बल आ आयोजक टिम तथा भारत के दार्जिलिंङ, बिहार आ कालिङ पोङ के कर के १३ टिम भाग लेहले बा ।

प्रतियोगिता मे १२ तौल समुह मे महिला आ पुरुष खेलाडीसब बीच प्रतिस्प्रर्धा होखेवाला भइल बा । प्रतियोगिता मे पहिल होखेवाला टिम के ५० हजार, दोसर होखेवाला टिम के २५ हजार आ तिसर होखेवाला टिम के १५ नगद पुरस्कार देवेके जिल्ला तेक्वान्दो संघ पर्सा के अध्यक्ष गाणेशमान श्रेष्ठ जनवले बानि ।

प्रतियोगिता मे उत्कृष्ट प्रदर्शन करेवाली एक महिला आ एक पुरुष खेलाडी के २१ इन्च के एलसिडी टिभी प्रदान कइल जाइ ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here