विद्यार्थी सब द्वारा वड़ा कार्यालय मे भी तालाबन्दी, प्रहरी बल प्रयोग करत ताला खोललख

153

पर्सा, ६ जेठ //

पर्सा के कालिकामाई गांवपालिका के वडा नं. २, भेडिहारी मे रहल श्री सुकई साह माध्यमिक विद्यालय मे आजु फेर से तालाबन्दी भइल बा । विद्यार्थी सब द्वारा शिक्षक अभाव परिपुर्ती के मांग करत विद्यालय अउरी वड़ा कार्यालय मे तालाबन्दी कइल गईल बा । विद्यालय के हेडमास्टर के कार्यकक्ष मे कईल गईल तालाबन्दी जारी बा त वड़ा कार्यालय के तलबंदी प्रहरी द्वारा बल प्रयोग करके खोलल गईल बा ।

वडाध्यक्ष सोनलाल चौरसिया द्वारा प्रहरी बोलाके बल पूर्वक तालबंदी खोलल गईल विद्यार्थी लोग बतइले बाड़न । आंदोलित विद्यार्थी तालबंदी बाद जुलूस प्रदर्शन समेत कईले रहे लोग । वड़ा अन्तर्गत रहल भेड़िहारी आ गदियानि में जुलूस प्रदर्शन करत आंदोलित विद्यार्थी सबद्वारा शिक्षक लोग के पद्पुर्ती के मांग समेत कईल गईल स्थानीय लोग बतवले । विद्यार्थी सब आंदोलित भइला से कक्षा १ से १० तक के अध्ययन अध्यापन ठप्प भइल बा ।

माध्यमिक तह के नेपाली, सामाजिक, जनसंख्या, स्वास्थ्य, कम्प्युटर आ नैतिक शिक्षा के विषय शिक्षक ना भइला से व्यवस्था के मांग करत विद्यार्थी सब विद्यालय मे तालाबन्दी कइले बा । विद्यालय के हेडमास्टर. रामबालक चौरसिया आ वडाअध्यक्ष चौरसिया से शिक्षक अभाव के समस्या बारे जानकारी करावला पर भी शिक्षक के व्यावस्था ना भइला से बाध्य होके तालाबन्दी करेके परल कक्षा १० के विद्यार्थी बिकास साह बतइलन । कक्षा ६ से १० तक के गणित, अङ्ग्रेज़ी आ विज्ञान विषय बाहेक के विषय शिक्षक ना भाईला से पढ़ाई मे दिक्कत आईला से बाध्य होके आन्दोलीत होखे के परल विद्यार्थी साह बतइलन । 

विद्यालय व्यवस्थापन समिति विहिन रहल विद्यालय मे २०७५ साल के नयाँ शैक्षिक शुरु लगते एक हप्ता विद्यालय के अध्ययन अध्यापन ठप्प भइल रहे । फेन एक महिना ना बितत विद्यालय बन्द भइला से विद्यालय मे अध्ययनरत एक हजार से जादा विद्यार्थी सब मर्का मे परल बाडन ।

ई विषय मे हेडमास्टर चौरसिया से बुझला पर अपना से शिक्षक अभाव बारे जिल्ला शिक्षा कार्यालय, पर्सा आ कालिकामाई गाउँ कार्यपालिका कार्यालय के जानकारी करइला पर भी व्यवस्था ना कइला से समस्या भइल बतइलन ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here