शिक्षा ऐन के बिरोध मे बीरगंज मे भी प्रर्दशन, गृह मन्त्री आ शिक्षा मन्त्री से बहस करे के अखिल क्रान्तिकारी के केन्द्रिय सदस्य शिवम साह के चुनौती

75

बीरगंज, १६ चैत
शिक्षा ऐन ९ वौं संसोधन के बिरोधम मे आजु बीरगंज मे भी बिद्यार्थी सब प्रदर्शन कइले बा । केन्द्रिय आन्दोलन के कार्यक्रम अन्तर्गत बीरगंज मे भी तिन बिद्यार्थी संघठन संयुक्त रुप मे ठाकुर राम बहुमुखी क्याम्पस के मुल गेट अगाडी टाएर बार के प्रदर्शन कइले बा । अनेरास्ववियु, नेविसंघ आ अखिल क्रान्तिकारी से संयुक्त रुप मे बीरगंज के ठा.रा.ब. क्याम्पस अगाडी पर्दशन कइल गइल ह ।

शिक्षा ऐन नवौं संशोधन खारेज कर, चैत २३ गते होखेवाला परिक्षा स्थगित कर, बिद्यार्थी एकता जिन्दा बाद के नारा लगावत तिन बिद्यार्थी संगठन संयुक्त रुप मे प्रदर्शन कइलख अखिल क्रन्तिकारी के केन्द्रिय सदस्य शिवम साह बतइलन । नेविसंघ के बर्दीनाथ तिवारी, अखिल क्रान्तिकारी के शिवम साह आ अनेरास्ववियु के अजित गुप्ता के अगुवाई मे प्रदर्शन भइल केन्द्रि सदस्य साह बतइलन ।

लाखौं बिद्यार्थी सब के भविष्य खेल्वाड कर गलत मन्साय से लिआवल गइल शिक्षा ऐन ९ औं संशोधन के बिरोध मे केन्द्रिय आन्दोलन के कार्यक्रम अन्तर्गत देश भर जइसन बीरगंज मे भी प्रदर्शन कइल गइल अखिल क्रान्तिकारीका केन्द्रिय सदस्य साह जानकारी करइलन ।

बिहान शनिचर के काठमाण्डौ के माइतीघर मण्डाला मे प्रदर्शन आ चक्का जाम करे के आन्दोलन के कार्यक्रम रहल जानकारी करावत साह ओहु पर शिक्षा मन्त्रालय से शिक्षा ऐन ९ वौं संशोधन खारेज ना कइला पर चइत १७ गते से देश भर के शिक्षण संस्था अनिश्चितकाल के खातिर बन्द करे के समेत आन्दोलन के कार्यक्रम तय भइल साह बतइलन ।

आपन बीरगंज से बात करत केन्द्रिय सदस्य साह गृह मन्त्री रामबहादुर थापा बादल आ शिक्षा मन्त्री गिरी राज मणी पोखरेल से बीरगंज के घण्टाघर मे आए के बीद्यार्थी सब के आन्दोलन मे प्रहरी द्वारा कइल गइल दमन के कारण आ शिक्षा ऐन खारिज ना करे सके के कारण के बारे मे खुल्ला बहस करे के चुनौती समेत देहलन ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here