शिवशक्ती फैक्ट्री के कचरा से स्थानिय लोग के समस्या, जनप्रतिनिधि मौन

 शिवशक्ती फैक्ट्री के कचरा से स्थानिय लोग के समस्या, जनप्रतिनिधि मौन

प्रभु यादव ।

बारा १० कुवार ।
बारा के जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका के जितपुर मे रहल फैक्ट्री के कचरा से स्थानिय लोग परेसान भइल बाडन ।

वार्ड नम्वर ५ के बलुआ दलित बस्ती आ वार्ड नम्वर ८ के इमलीप्रर्ती गाँव के स्थानिय लोग फैक्ट्री से नदि के जमिन पर कचरा फेक के छोड देहले बाडन जवना के हावा आईला पर उड के आख मे पडला से आँख खराब होरहल सिकायत कईले बाडन ।

वार्ड नम्वर ७ आ ८ के सिमाना पर रहल शिवशक्ती ध्यु उद्योग के कचरा राखी पछाडी के नदि के जमिन पर फेकला से प्रदुषण बढल आ हावा अईला पर आँख मे पड रहल आ खाना मे गिरे के समस्या भईल बलुआ दलित टोल के राजेन्द्र पासवान आपन दुःख सुनावले बानी ।

गाँव के सभे घर परिवार मे एक जने के जईसे भि आँख दुखाए के आ दवाई करावे के पड रहल फुलमती देवी चमार सिकायत कईले बानी ।

हमनी सब गरीब बानी काम कर के मजदुरी कईल बनिहारी आईला पर खाना खाए के मिलेला आउरी शिवशक्ती फैक्ट्री से निकलल कचरा आ राखी से घर परिवार मे पड रहल समस्या के कहला पर कवनो सुनवाई ना कर रहल बा जवना से बहुत पीडा भोग रहल नन्दकिशोर पासवान दुःख सुनवले बानी ।

फैकट्री से निकलल गन्धा पानी नदि मे गिरा देहला से आपना सब के घर मे पोसल गईल गाई, भईस आ बकरी सब के पानी पिये आ आर पार करे के समस्या होरहल हृदयनारायण साह सिकायत कईले बानी ।

वार्ड नम्वर ८ के प्रमशिला देवी चौरसिया आपन १३ बरीस के लडकी के आँख मे राखी आ कचरा पडला से दर्द कईला पर अस्पताल मे इलाज करा के दवाई लगा रहल बानी कहत गरीब के दुःख सुनेवाला कोई ना भईल जानकारी देहले बानी ।

वार्ड नम्वर ८ के दलित जनानी सदस्य सविता पासवान फैक्ट्री से निकलल कचरा आ राखी खुल्ला रूप मे फेंकला से हावा आईला के वाद नजदिक के जनता लोग के खाना खाए समय घर पर गिरला से आ आँख मे पडला के कारण समस्या होरहल बा जानकारी करावले बानी ।

वार्ड के बईठक बईठी तब आपने फैक्ट्री से भईल समस्या के जोडदार उठावे के आ समस्या समधान करे के ध्यानअकार्षण करावे के सदस्य पासवान जानकारी करावले बानी ।

वार्ड नम्वर ५ के वार्ड अध्यक्ष मोहित चौधरी से जानकारी लेहला पर आपना जगह जानकारी आईल बा बाहर रहला से कवनो कारवाही के प्रक्रिया अगाडि ना बढावे सकल बानी दु चार दिन मे फैक्ट्री के समस्या समाधान करेला प्रक्रिया बढावे के काम करे के जानकारी देहनी । वार्ड नम्वर ५ के अध्यक्ष रामबाबु गुप्ता से जानकारी लेहला पर आपना कवनो जानकारी ना भईल जनवले बानी ।

फैक्ट्री मे जमिन एलानी कब्जा कईल सम्बन्ध मे नापी भईल बा ओकर प्रतिवेदन मे कवनो जनकारी ना भईल अध्यक्ष गुप्ता जनकारी करावले बानी । वार्ड नम्वर ८ के अध्यक्ष रामबाबु राउत कुर्मी से सम्पर्क करेला फोन कईला पर सुईच अफ रहल ।

शिवशक्ती ध्यु उधोग के मनेजर छतिस अग्रवाल से जानकारी लेवेला फोन कईला पर फोन उठावे के काम ना करहला से जानकारी प्राप्त ना होखे सकल बा ।

जनप्रतिनिधि लोग के लापरवाही आ मिलोमतो मे काम भईला से अनभिज्ञ भईल आ जनता सब सास्ती भोगे के पडल पुर्व वार्ड अध्यक्ष हरिद्वार महतो आरोप लगवले बानी । भोजपुरी टाइम्स

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *