श्रोत बिना के रोपेया सहित दु जने भारतीय पर्सा प्रहरी के गिरफ्त मे

216

वीरगंज, १२ आसार ।

श्रोत बिना के रोपेया सहित दु जने के पर्सा प्रहरी गिरफ्तार कईले बा । विशेष सूचना के आधार पर काल्ह करीबन २:३० बजे दुपहरिया के समय मे वीरगंज के प्रवेश द्वार शंकराचार्य प्रवेश द्वार लगे चेकजांच करत बेरा दुनु जने के प्रहरी गिरफ्तार कईलख ।

पकड़ाए मध्ये मे भारत बिहार जिल्ला मोतीहारी थाना रक्सौल वाड नम्बर १३ के रहनियार महेश दास के २० बरिस के बेटा रंजन दास आ भारत बिहार मोतीहारी जिल्ला थाना रामगढ़वा ग्राम पंचायत बेला वाड नम्बर १७ भैसड़ा निवासी रघुनाथ यादव के २९ बरिस के बेटा बाला यादव बा लोग ।

नेपाली नम्बर प्लेट ना २५ प ३८५६ नम्बर के मोटरसाइकिल आ ना ५८ प ८८३९ नम्बर के मोटरसाइकिल पर सवार दुनु जने आफ्ना गोड मे बान्ह के चोरा लुका के ले जात रहल नेपाली रोपेया १८,००,०००/- (अक्षरेपी अठार लाख) आ भारतीय रोपेया ५,०५०/- बरामद कर के मोटरसाइकिल सहित दुनु जने के पर्सा प्रहरी कार्यालय मे लियावल गईल पर्सा प्रहरी जानकारी करवले बा ।

बरामद कईल रोपेया के श्रोत ना मिलला के वजह से दुनु जने के प्रहरी नियन्त्रण मे लेत रोपेया कूल्ह हुंडी कारोबार से सम्बंध हो सकत शंका जनावत प्रहरी आपन अनुसंधान आगा बढ़वले बा, पर्सा प्रहरी जानकारी करलख ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here