संक्रमित संख्या २५ हजार से बहुती भईला पर लकडाउन करे के स्वास्थ्य मन्त्रालय के सिफारिस

काठमाण्डु, ७ कुवार ।
स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय सक्रिय संक्रमित के संख्या २५ हजार से बहुती भईला पर फेर लकडाउन करे के सिफारिस कइले बा ।
मन्त्रालय के इन्सिडेन्ट कमाण्ड सिस्टम के बइठक २५ हजार से बहुती सक्रिय संक्रमित भईला पर फेर बन्द करे के निष्कर्ष निकलले बा । २५ हजार से बहुती संक्रमित भईला पर अस्पताल के पूर्वाधार में व्यवस्थापन करे के कठिन होइ मन्त्रालय के प्रवक्ता प्रा. डा. जागेश्वर गौतम जानकारी देहले ।
मन्त्रालय के तथ्यांक अनुसार बुधबार देशभर सक्रिय संक्रमित के संख्या १७ हजार ४१४ पहुचल बा ।
मन्त्रालय जनस्वाथ्य मापदण्ड पालना ना होखे सकी एहि सेव्यवसाय एक महिना बन्द करे के सिफारिस कइले बा ।

