संघीयता आ स्थानीय तह के मर्म विपरीत बारा में गांवपालिका के काम सदरमुकाम से हो रहल

507

प्रभु यादव, कलेया , असाढ़ ३१

जहां सब ओर स्थानीय तह आ संघियाता के सिद्धान्त मुताबिक आपन आपन गांवपालिका में ही स्थानीय टफ के काम काज ज़ोर शोर से चलरहल बा उहवे बारा जिल्ला के देवताल गांवपालिका के कामकाज सदरमुकाम कलेया मे कार्यालय राख के होरहल बा ।

कार्यालय के काम काज गांव के कार्यालय मे असहज परिस्थिति बना के कलेया मे कर के रूपेया के दुरूपयोग करहल वार्ड नम्बर ४ के राजनारायण राम जनकारी देहले बानी ।

देवताल गांवपालिका के कार्यालय से कलेया १४ किलो मिटर दुरी मे रहल ठाउँ मे कामकाज कइल अा सेवा लेवेवाला लोग के दुख देहल सघियाता के उल्टा कइल जारहल सिकायत राम कइनी ।

समुदाय के लोग के देखावेवाला विकास के कामकाज के कागज पत्र दोसर होइ अा बजेट अोरवावेला दोसर बनावे खातीर सदरमुकाम मे कामकाज कइल जारहल राम सिकायत कइनी ।

गांवमे कामकाज कइलापर कमीसन कम मिली अा सदरमुकाम मे कइला पर अापना खुसी मुताबिक ले जा सकता गांव के नाम ना छापेके कहत ऊ जानकारी देहले बानी ।

उपभोक्ता समिति के कइल काम मे बेसी दिन दौडा के फरछौट करेला सदरमुकाम मे काम करहल वार्ड ४ के राजकुमार सहनी जनकारी देहनी ।

कवनो कागज पत्र अधुरा रहला पर फेर १४ किलो मिटर जाके लेअावेला दिन भर लागि अा पैसा खर्चा होरहल जनकारी सहनी देहले बानी ।

गांवपालीका के कार्यकारी अधिकृत कुलोतम प्रसाद पोखरेल से ई विषय पर जनकारी लेहला पर गांव के कार्यालय मे ३ घण्टा अा बाकी समय सदरमुकाम मे कामकाज कइल जा रहल जनकारी देहले बानी । सदरमुकाम मे कामकाज कइला से सेवा लेवे वला लोग के सहज होइ कहके कामकाज कइल जारहल जनकारी अधिकृत पोखरेल कहनी । बैक मे खाता सचालन करे के अा चेक के रूपेया निकाले के काम सहज होरहल जनकारी देहले बानी ।

गांवपालिका के अध्यक्ष चन्दन कुमार सिह से पुछला पर दखिन अोर रहल सब स्थानीय तह के काम काज सदरमुकाम मे होरहल बा अापनो गांवपालिका के कामकाज कइल जारहल जनकारी देहनी । असाढ महिना मे हिसाब सब मिलाके पूरा कागजपत्र तयार कइल जाला अोही से कलेया मे कामकाज कईल जारहल अध्यक्ष सिह जनकारी देहनी ।

देवताल गांवपालिका के कार्यालय मे रहल सहयोगी कर्मचारी देवेन्द्र पासवान, रूपेस महतो धानुक अा छोटेलाल सहनी से पुछला पर १२ जने कर्मचारी मे से हमनी सहयोगी मात्र ईहाँ रहके काम करहल बानी बाकी सब कर्मचारी कलेया के कार्यालय मे कामकाज करहल बानी जनकारी देहले बानी लोग ।

देवताल गांवपालिका मे क वर्ग के बैक सिध्दार्थ रहल बा जवना से उपभोक्ता समिति के काम चल जायवाला भईला पर भि कलेया मे कामकाज सचालन कइला के कारण ह कमिसन अा कागज पत्र मिलान करे खातीर होरहल स्थानीय जनकारलोग के सिकायत रहल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here