संघीय समाजवादी महिला फोरम नेपाल के प्रदेश स्तरीय कार्यकर्ता भेला पुरा

145

वीरगंज ०९ माघ,

संघीय समाजवादी महिला फोरम नेपाल के प्रदेश स्तरीय कार्यकता भेला वीरगंज मे पुरा भइल बा । वीरगंज के रोयल पार्टी पैलेश मे मंगर के सम्पन्न भइल प्रदेश स्तरीय भेला के प्रमुख अतिथि केन्द्रिय अध्यक्ष निर्मला यादव ममबत्ती बार के उदघाटन करत संघीय समाजवादी महिला फोरम संगठन के सुदृढ करत पार्टी के महाअधिवेश से पहिले उत्कृष्ठ सगंठन के रुप मे स्थापित करेके प्रतबद्धता व्यक्त कइनी । उ महिला लगायत राज्य से विभेद मे पडल सभी जात जाति, बर्ग समुदाय के अधिकार दिलावे के पार्टी संघीय समाजवादी पार्टी भइल बतावत हरेक टोल टोल मे संघीय समाजवादी महिला फोरम के सदस्यता बढावेके बतवनी ।

कार्जक्रम मे महिला फोरम के प्रदेश उपाध्यक्ष पिंकी यादव आधा आकास छेकल महिला लोग के अधिकार भी आधा होखे के बतावत अब के लडाइ महिला के रिर्जवेशन सभी क्षेत्र मे ५० प्रतिशत होखे के बिचार रखनी । कार्जक्रम मे अर्थ राज्यमन्त्री उषा यादव, प्रदेश नम्बर २ के अध्यक्ष संजिला यादव, प्रदेश सभासदस्यद्धय करिमा बेगम, भीमा यादव, केंद्रीय परिषद सदस्य मिनि सिंह, पोखरीय नगपालिका के उपमेयर सलमा खातुन, जिल्ला अध्यक्ष मिथिलेस सिंह, शुखिना देवी, पुनम यादव लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here