संविधान पूनरलेखन सहित स्वायत मधेश प्रदेश के माँग करत वीरगंज मे मोटरसाईकल जुलूस

278

वीरगंज, २६ फागुन ।

मधेशी जनधिकार फोरम, मधेश द्वारा आज वीरगंज मे संविधान पुनरलेखन के माँग करत मोटरसाइकल जुलूस निकालल गईल बा ।मधेशी जनअधिकार फोरम मधेश के राष्ट्रिय अध्यक्ष भाग्यनाथ गुप्ता के नेतृत्व मे मकालू होटल से निकलल जुलूस आदर्शनगर, माईस्थान, घण्टाघर, मुर्लि होते पावरहाउस पहुच के पुनः घण्टाघर आके कोण सभा मे परिणत भईल रहे ।

कोण सभा के सम्बोधन करत राष्ट्रीय अध्यक्ष गुप्ता संविधान पूनरलेखन के माँग कइलन । ८ जिल्ला के प्रदेश से खाली ना होई, हमनी के २२ जिल्ला के मधेश स्वायत प्रदेश चाहि कहके गुप्ता बतइलन ।

वीरगंज राजधानी के माँग राखत जारी रहल रिले अनशन स्थल अगाडि बोलत गुप्ता वीरगंज खाली ८ जिल्ला के राजधानी ना बालुक २२ जिल्ला के राजधानी होखे के चाही पार्टी के धारणा रहल उद्घोष काइलन । मधेश विरोधी रहल संविधान हमनी काल्हू भी जराईले रहनी सन आज भी बर्तमान संविधान के नास्वीकारत आन्दोलन मे रहल गुप्ता बतवलन ।

उपेंद्र यादव, राजेन्द्र महतो के संकेत करत मधेशी ठेकेदार लोग आन्दोलन के नाम पर सत्ता प्राप्ति के भोगी खाली रहला के करते मधेश के हक अधिकार आज ले ना मिलल आरोप समेत लगईलन । काला झण्डा अउरी पार्टी के झण्डा सहित निकलल जुलूस पूर्ण समानुपातीक निर्वाचन प्रणाली लागू कर, स्वायत मधेश स्वायत प्रदेश लागू कर, संविधान पूनर लेखन कर लगायत के नारा लागावत प्रादर्शन समेत भईल रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here