सांसद यादव बिष्णुमहायज्ञ के उद्धघाटन करत कहले “ हिन्दूधर्म बिरोधी क्रिश्चन टोली के कानूनी कार्वाही करे के परी”

175

बिरगंज, ०५ बैशाख

बीरगंज नागवा चौक पर शुरू भईल लक्ष्मी नारायण बिष्णुमहायज्ञ के सांसद प्रदीप यादव आजू बिधिवत रूप से उद्धघाटन कईले ।  नागवा चौक नियरे निर्माण भईल हनुमान मन्दिर के प्राण प्रतिष्ठा कार्यक्रम के अवसर पर आजू से शुरूभईल महायज्ञ के हिन्दू बिधी अनुसार पुजा, पाठ आ प्रवचन शुरू भईल ।

महायज्ञ के उद्धघाटन करत सांसद यादव नेपाल सनातन धर्म के रूप मे रहल हिन्दू धर्म के जोगावे खातिर सब कोई के जागरूकता के साथे लागे के आवश्यकता बा बतवले । यादव कहले नेपाल मे हिन्दू धर्म बिरोधी अनेकन क्रिश्चन टोली सक्रिय बा आ ओइसन धर्मपरिवर्तन करावे वाला टोली के देखते पकड़ के प्रशासन मे देवे के आह्वान कईले ।

सांसद यादव हिन्दू धर्म के रक्षा खातिर जइसे बिष्णू भगवान राम आ कृष्ण के अवतार ले के रावण आ कंस के बध कर के हिन्दू धर्म के रक्षा कईले ओइसे ही अभी सब कोई राम कृष्ण बन के नेपाल मे बढ़ रहल क्रिश्चनीटी के रोके के आवश्यकता बा ।

महायज्ञ  उद्धघाटन कार्यक्रम मे यज्ञशाला समिति के अध्यक्ष अशोक गुप्ता, हनुमान मन्दिर निर्माण समिती के अध्यक्ष भागवत चौधरी, वाड अध्यक्ष श्यामबाबू चौरसिया आ मनोज मिश्र के साथ साथे अनेकन ब्यक्तित्व लोग के उपस्थिती रहल । आजू से शुरू भईल बिष्णु महायज्ञ नौ दिन तक चली यज्ञ आयोजना समिती जानकारी करवलख ।

महायज्ञ मे भगवान बिष्णु के अनेकन अवतार के बारे मे मूर्ति निर्माण कईल  गईल बा आ महायज्ञ देखे आवेवाला दर्शनार्थी आ भक्तजन लोग खातिर बृंदाबन से आईल बिद्धवान पंडितन के द्वारा दिन मे प्रवचन आ रात मे रासलीला के प्रस्तुति के ब्यावस्था कईल बा ।

 

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here