संस्कृति द्वारा आयोजित ५ दिन के फोटो आधारभूत कार्यशाला समापन

    61
    १) आधारभूत फोटो कार्यशाला : बीरगंज महानगरपालिका मे संस्कृति द्वारा आयोजित ५ दिन के आधारभूत कार्यशाला समापन ।

    बीरगंज, १० चईत

    शृजनशील युवा लोग के समूह संस्कृति द्वारा बीरगंज महानगरपालिका मे आयोजित ५ दिन के आधारभूत फोटो कार्यशाला आजू सबेरे संस्कृति के अध्यक्ष शैली चौधरी के अध्यक्षता मे समापन भईल । समापन कार्यक्रम के अध्यक्षता संस्कृति के अध्यक्ष शैली चौधरी करत नजर अईली ओइसेही कार्यक्रम के सहजीकरण आशु शर्राफ़ कईले ।

    समापन कार्यक्रम के प्रमुख अतिथि फोरम नेपाल के माननीय संसाद हरीनारायण रौनियार रहले ओइसेही अतिथि के रूप मे बीरगंज के रस्ट्रीय पत्रकार रितेश त्रिपाठी, आर के पटेल, फोटो पत्रकार बिजय चौहान, बिजय महतो, राम कुशवाहा आ कोशिश फाउंडेशन के सह – संस्थापक मदन गुप्ता जी उपस्थिती रहल ।

    समापन कार्यक्रम मे अतिथिगण लोग आपन आपन बिचार रखते सम्पूर्ण प्रशिक्षार्थी लोग के आवेवला समय मे फोटो पत्रकारिता मे फोटो के सदुपयोग करे के उत्साहित कईलख लोग । फोटो पत्रकार रितेश त्रिपाठी आ बिजय चौहान आपन अभी तक के हासिल कईल अनुभव बटले लोग । फोटो पत्रकारिता एगो साहसिक कार्य ह आ एकरा के ईमानदारी पूर्बक निर्वाह कईला के मतलब सफलता के सिंढी चढ़ल ह क़हत आपन फोटोग्राफी से कोई के ब्यक्तिगत नोकसान ना करे के आ सामाजिक हित खतिरा फोटोग्राफी करे के सल्लाह देहलख लोग ।

    २) फोटो आधारभूत कार्यशाला : शृजनशील युवा समूह संस्कृति द्वारा आयोजित आधारभूत फोटो कार्यशाला मे आपन बिचार राखत अतिथिगण

    बिशेष अतिथि के रूप मे आईल सांसद हरीनारायण रौनियार फोटोग्राफी आ फोटोपत्रकारिता मे महिला लोग के सहभागिता देख के तारीफ के पुल बान्ह देहनि । रौनियार सारा सहभागी लोग के २ न. प्रदेश पर फोटोग्राफी करे के अनुरोध करते आपन फोटोपत्रकारिता प्रति के जिम्मेवारी इमन्दरिता पूर्बक निर्वाह करे के कहनी । फोटोपत्रकारिता समाज के अइनक होला आ सामज मे प्रत्यक्ष असर करेला कहते जहा तक होई पत्रकारिता मे लागल युवा लोग के हर संभव सहयोग करे के बचन देहले ।

    समापन के अंत अंत तक चहुपल पर्सा सुरक्षा निकाय के एसपी आपन बिचार रखते सारा प्रशिक्षार्थी लोग के आवेवला दिन खातिर बढ़िया काम करे के अनुरोध कईले । सहभागी प्रशिक्षार्थी लोग के आधारभूत कार्यशाला के प्रमाणपत्र देहते कार्यक्रम के समापन कईल गईल ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here