The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

सखुवा प्रसाैनी के क्वारेन्टाइन से २३ जने के घर भेजल गइल, फेरु ५० जने के स्वाब संकलन

वीरगंज, १४ जेठ ।

पर्सा के सखुवा परसौनी गांवपालिका के अध्यक्ष समेत ५३ जने के पीसीआर रिपोर्ट नेगेटिभ आइल बा । गांवपालिका अध्यक्ष प्रदीप जयसवाल समेत ५३ जने के रिपोर्ट नेगेटिभ आइल प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत संदेश यादव जानकारी देहले ।

उनका हिसाब से जेठ ७ गते वाड नम्बर ३ के श्रीपुर के श्री दीपनारायण मावि औराहा पाँचगावा मे १० जने आ संक्रमित क्षेत्र वाड नम्बर १ के सिद्धपुर मे ४३ जने कर के ५३ जने के कईल गइल स्वाब संकलन के रिपोर्ट नेगेटिभ आइल बा ।

श्रीपुर के क्वारेंटाइन मे रहल २३ जने के रिपोर्ट नेगेटिभ आईला के बाद उ लोग के आजू घरे भेजल गइल गांवपालिका स्वास्थ्य संयोजक राजेश रौनियार जानकारी करवले ।

ओइसे ही आजू फेरु औराहा पांचगावा मे रहल क्वारेंटाइन मे रहल लोग के स्वाब संकलन कईल गइल बा । क्वारेंटाइन मे रहल ४७ जने के आ स्वस्थ्यकर्मी ३ जना कर के ५० जने के पीसीआर बिधी से कोरोना परीक्षण खातिर स्वाब संकलन गइल गइल संयोजक रौनियार जानकारी करवले । कालिका टाइम्स

प्रतिकृया
Loading...