सखुवा प्रसौनी के आन्दोलन कडा होत, आन्दोलरत द्वारा गावंपालिका अध्यक्ष जयसवाल के राजिनामा मांग

    161

    बीरगंज, ९ चैत
    सखुवा प्रसौनी गावंपालिका मे जारी आन्दोलन कडा होत गइल बा । सेवा केन्द्र सारेके आ गावंपालिका के नाम परिवर्तन करे के निर्णय के बिरोध मे १२ दिन जारी आन्दोलन कडा होत गइल ह । संघर्ष समिति के आयोजना मे होरहल आन्दोलन अन्तर्गत आजु झाडु जुलुश समेत प्रदर्शन कइल गइल बा । संघर्ष समिति द्धारा गावं कार्यपालिका के कार्यालय श्रीपुर पंचगावा मे लगावल गइल तालाबन्दी यथावत बा त थप आन्दोलन के कार्यक्रम अन्तर्गत झाडु जलुश निकाल्ल गइल संघर्ष समिति के प्रवक्ता यसवन्त यादव बतइनी ।
    श्रीपुर औंराहा पांचगावा से निकल्ल झाडु जुलुश कैलानपुर, देउरवाना, ओझहिया प्रसौनी, सोलखपुर, कौवा बनकटैया, गुलरिया, प्रसौनी होत फेन औंराहा पंचगावा मे पुग के कोण सभा मे परिणत भइल संघर्ष समिति के सचिव समेत रहल यादव बतइनी । कोण सभा मे बोल्त बक्ता लोग गावंपालिका के सेवा केन्द्र सारेके आ नाम परिवर्तन करे के निर्णय फिर्ता के मांग कइलख लोग । बक्ता लोग गावंपालिका अध्यक्ष प्रदिप जयसवाल से जनचाहना विपरित गावंपालिका के सेवा केन्द्र सारे के आ गावंपालिका के नाम परिवर्तन करे के षडयन्त्र भइल कहत आक्रोष पोख्त राजिनामा के समेत मांग कइलख लोग ।


    संघर्ष समिति के संयोजक जयाराम महतो थारु के अध्यक्षता मे भइल कोण सभा मे गावंपालिका के उप प्रमुख फुलमती चौधरी, नेपाली काङग्रेस के युवा नेता नागेन्द्र चौधरी, नेकपा एमाले के बासुदेव चौधरी, संघर्ष समिति के सचिव यसवन्त यादव, जनमोर्चा के तपसी थारु, संघिय समाजबादी फोरम के भुपदेव चौधरी, नेपाल संघिय समाजबादी पार्टी के महेन्द्र यादव, विजय खडका, देवनारायण चौधरी लगायत के लोग मन्तब्य राख्ले रहे त झाडु जुलुश मे सयौं महिला समित एक हजार से जादा लोग सहभागिता रहल रहे ।
    एने गावं कार्यपालिका कार्यालय आजु से सखुवा प्रसौनी गावंपालिका के वडा नं. ४, देउरवाना मे संचालन भइल बतावल गइल बा । आन्दोलनरत संघर्ष समिति से श्रीपुर पंचगावा मे रहल गावं कार्यपालिका के कार्यालय मे तालाबन्दी कइला के चल्ते गावंपालिका के कामकाज प्रभाबित भइल पर कामकाज सुचारु करेलाय अभिन के खातिर देउरवाना मे कार्यालय संचालन कइल गइल गावंपालिका अध्यक्ष प्रदिप जयसवा से बतावल गइल बा ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here