प्रमुख अतिथी सांसद रौनियार द्धारा कार्यक्रम के उदघाटन होत

पर्सा, १६ फागुन /
सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका के आज प्रथम गाँव सभा सम्पन्न भइल बा । श्री दिपनारायण उच्च मा.बि. श्रीपुर पंचगावामा मे एक कार्यक्रम के बिच प्रथम गाँव सभा द्धारा पारित भइल आ.व. २०७५/०७५ के निति तथा कार्यक्रम सार्वजनिक कइल गइल ।

सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका के अध्यक्ष प्रदिप जयसवाल के अध्यक्षता मे भइल गाँव सभा मे गाँवपालिका के उपाध्यक्ष फुलमती चौधरी कुल बजेट ३१ करोड ७४ लाख ५९ हजार एक सय ८ रुपया बराबर के अनेकन शिर्षक मे पारित भइल योजना के मार्फत सार्वजनिक कइली । कुल बजेट के चालुगत तर्फ १३ करोड ३८ लाख ५९ हजार एक सय ८ रुपया आ पुंजिगत तर्फ १८ करोड ३६ लाख रहल उपाध्यक्ष चौधरी बतईनी ।.

पत्रकार छठु साह सम्मानित होत

.सभा मे आन्तरिक राजस्व से ४३ लाख ५४ हजार, राजस्व बांडफाड ८ लाख, आय से एक करोड ११ लाख ६७ हजार एक सय ८ रुपैया, केन्द्रिय अनुदान ३० करोड एक लाख ३८ हजार गाँवपालिका के आम्दानी रहल जनावल गइल त जनसहभागिता से १० लाख रहल बतावल गइल रहे ।

पर्सा क्षेत्र नं. ३ के प्रतिनिधि सभा सदस्य हरिनारायण रौनियार के प्रमुख आतिथ्यता मे भइल कार्यक्रम मे पत्रकार छठु साह, प्रमोद यादव, लालबाबु बनिया, चिरञ्जीवी यादव आ स्वास्थ्य संयोजक राजेश रौनियार के दोसाला ओढाके आ अबिर के टिका लगाके सम्मान समेत कइल गइल रहे । गाँवपालि के अध्यक्ष जयजवाल गाँव सभा से पारित भइल निति तथा कार्यक्रम बारे मे बोलत  कक्षा ११ के छात्रा सब के साइकल दिवेके, सहिद पन्नालाल यादव के ५ लाख नगद दवेके, विदेश जाएवाला युवा लोग के गाँवपालिका से लागेवाला खर्च बेहोरे लगायत के दर्जनो योजना जनमुखी भइल दाबी कइनी । कार्यक्रम मे प्रदेश सभा सदस्य मंजुर आलम, प्रहलाद गिरी लगायत के लोग के भी सहभागिता रहल रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here